पियेले शराब गाँजा ताड़ी हमार पिया

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

पियेले शराब गाँजा ताड़ी हमार पिया मिलले जुवाड़ी-२
तिलक मे बाबुजी जवन जवन दिहलन,

गरदन के हार बेच शराब गाँजा पियलन,
बन्हकी धराईल हुंडा गाड़ी हमार पिया मिलले जुवाड़ी-२

खेत बाड़ी गहना सब दाव पर धराईल,
घारवा दुवार सस्ते मे बिकाईल,
हार गईले तन पर के साड़ी हमार पिया मिलले जुवाड़ी-२

काल्ह तक लोग कहे बड़का घराना,
घरवा मे आज नईखे डगरल दाना,
रोजे उपास रहे हाँड़ि हमार पिया मिलले जुवाड़ी-२

रोंवा-रोंवा जेकर भरल बाटे ऋण से,
चिंता से कहीयो सुती नाही नीन से-२
राशन ना देवे माड़वाड़ी हमार पिया मिलले जुवाड़ी-२

पंचानन्द पिया के तनी समुझा द
नाही त भरत नईहर पहुँचा द
नाही त अकेले धलेम गाड़ी हमार पिया मिलले जुवाड़ी

पियेले शराब गाँजा ताड़ी हमार पिया मिलले जुवाड़ी-२

—भरत शर्मा

आपन राय जरूर दीं