काका हो, कहवाँ जबाना ई जाता

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

काका हो, कहवाँ जबाना ई जाता!
चवन्नी के भाव में रुपईया बिकाता
काका हो, कहवाँ जबाना ई जाता
अनपढ़ करेलें मास्टर के बहाली
कायदा कानून के देखीं बदहाली
हंस मुंह ताकतारें कौआ पुजाता
काका हो, कहवाँ जबाना ई जाता
छुट्टी हड़ताल स्कूल कॉलेज के खा गईल
टिउसन कोचिंग सेंटर के बहारे त आ गईल
दाम दीहीं जवन मन डिग्री भेटाता
काका हो, कहवाँ जबाना ई जाता
खाईला बिना नन्हका तिन दिन से हिलता
मोबाइल के सिम खाई फिरी में मिलता
इहे विकास ह गुण रोज गवाता
काका हो, कहवाँ जबाना ई जाता

आपन राय जरूर दीं