गुरू आन्हर होखे आ बाहीर चेला होखे त काम बिगड़ जाला। गुरू चेला से गुड़ माँगत बड़े, चेला बाहीर बा तगुड़ के जगह माटी के ढेला ले आके उनके देता |
गुरू ओके गुड़ समझ ले तारे। मतलब कि गुरू ज्ञान के आलोक से खुद वंचित बड़े। ऊ दोसरा के आलोकित कइसे करिहे। दूनू तरफ से स्थिति बिगड़ल बा। अइसन हालत में काम सही रूप से कइसे होई|