डॉ. हरेश्वर राय जी के लिखल अँखियन के आकाश सूना हो गइल

0
डॉ. हरेश्वर राय जी
डॉ. हरेश्वर राय जी
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

अँखियन के आकाश
सूना हो गइल |

सब तारा भइलन स खेत
सपना सब भइलन स रेत
पंखियन के परिहास
चूना हो गइल |

खेतवन प पाला पड़ल
पेटवन प भाला गड़ल
ख़ुशीयन के बनवास
दूना हो गइल |

बंसवारी के शामत आइल
फुलवारी प आफत आइल
कलियन के खरवांस
चौगुना हो गइल |

फेंड़ छोड़ के भगले तोंता
उजड़ गइल बा उनकर खोंता
डलियन के संत्रास
सौगुना हो गइल |

आपन राय जरूर दीं