काच केरा खइला के फायदा

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

पाकल केरा खइला के फायदा त सब केहू जानत बा आ रउवा रोज पाकल केरा खातो होखेब। पाकल केरा सब लोग बड़ा चाव से खालबाकिर काच ना, काच केरा के तरकारी बानवे में ज्यादा उपयोग होला खाये मे ना काहे कि हमनी के एकर फायदा नइखे पता। काच केरा खइला के फायदा जान के आज के बाद रउवा सब काच केरा खइल शुरू कर देब।

काच केरा खइला के फायदा:

१. इम्यून सिस्टम के मजबूत बनावेला
काच केरा पोटैशियम के खजाना होला जवन कि इम्यून सिस्टम के मजबूत बनावे ला साथे साथ दिनभर शरीर के एक्टि‍व राखेला। एकरा मे मौजूद विटामिन बी6, विटामिन सी शरीर के कोशिका के पोषण देवे के काम करेला।

२. एंटी-ऑक्सीडेंट्स से भरपूर
काच केरा में स्टार्च होला आ साथ में एंटी-ऑक्सीडेंट्स भी, एही से रोज एगो काच केरा खइला से बहुत फायदा होला।

३. वजन घटावे में मददगार
आज काल वजन घटावे के खातिर लोग का का नइखे करत, जे वजन घटावे के चाहत बा ओकरा रोज एगो काच केरा खाये के चाही काहे कि एह में भरपूर मात्रा फाइबर पावल जाला जवन कि अनावश्यक फैट सेल्स आ अशुद्धियों को साफ करे में मदद करेला।

४. कब्ज के समस्या में राहत
काच केरा में फाइबर आ हेल्दी स्टार्च होला जवन कि आँत मे कउनो तरह के अशुद्ध‍ि के जमे ना देला एही से कब्ज में काच केरा खाये के सलाह देहल जाला।

५. मधुमेह के नियंत्रित करें में मददगार
अगर रउवा मधुमेह के शिकायत होखे आ इ अपना शुरुआती दौर में होखे त अबे से रोज ईगो काच केरा खाइल शुरू कर दीं, डायबिटीज कंट्रोल करने के अचूक औषधि ह काच केरा।

६. पाचन शक्ति बढ़ावे में मददगार
काच केरा नियमित रूप से खइला से पाचन शक्ति बेहतर होला आ पाचक रसों का स्त्रावण बेहतर तरीका से होला

आपन राय जरूर दीं