मनोज आर पाण्डेय के मिलल बेस्ट एक्शन हीरो के आवार्ड

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

भोजपुरी सिनेमा जगत में एक्शन सम्राट के नाम से प्रसिद्ध अभिनेता मनोज आर0 पाण्डेय के मुम्बई में ओवर आॅल बेस्ट एक्शन हीरो के आवार्ड दिहल गईल। अपने सब के हम बता दीं कि मनोज आर0 पाण्डेय के अब तक के जेतना फिलिम आईल बा सब में एक से बढ़ के एक्शन सीन अउरी स्डंड के भरमार रहेला। लहरिया लूट ए राजा जी, कईसन पियवा के चरितर बा, ‘मैं नागिन तू नगीना’ सहित कई फिलिम बा जवना में मनोज के अभिनय के तारीख दर्शक कर चुकल बाड़े। एह आवार्ड के मिलला के बाद मनोज आर0 पाण्डेय बतईलन कि अवार्ड हमके दार्शनिक मुम्बई प्रेस मीडिया अवार्ड के तरफ से दिहल गईल। एह अवसर पर फिलिम जगत के कई बड़का हस्ति मौजूद रहलन जईसे कि उदित नारायण ,पवन सिंह ,रानी चट्टर्जी ,मनोज चोधरी ,राजकुमार पाण्डेय ,अर्चना सिंह ,पायल शेठ ,जगदीश शर्मा ,रवि सिन्हा, सहित आउरो बहुते लोग रहे।

देखियें:

आपन राय जरूर दीं