का रउवा आम के गुण के बारे में पता बा?

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

सायदे केहू होइ जेकरा आम पसंद ना होइ। आम सेहत खातिर फायदेमंद बा इ त रउवा जानते बानी लेकिन एकर ब्यूटी बेनेफिट्स के बारे में कबो सुनले बानी कि ना।

आम के गुण:

१. बेहतरीन स्क्रब हवे आम
एगो छोट कटोरी में आम के गुदा ले लीं ,ओइमे एक चमच मिल्क पाउडर आ एक चमच शहद मिला दीं। एह मिश्रण के अच्छा से फेंट लीं। अब इ मिश्रण के अपना चेहरा प लगाई, डेड स्क‍िन आ ब्लैकहेड्स साफ हो जाई, चेहरा चमके लागी।

२. सस्ता फेस पैक
रउवा चाहेब त आम के छिलका से अपना घरे फेसपैक बना लेब। आम के छिलका के धुप मे सुख के एकदम मेही पीस लीं, अब इ पावडर मे दही भा गुलाब जल मिला के रोजाना आपन चेहरा पर लगाई। डार्क स्पॉट आ पिग्मेंटेशन दूर कर दी।

३. मुहांसा से छुटकारा
अगर मुहांसा से परेशान बानी त आम रउवा खातिर रामबाण बा। काच आम के पातर पातर काट के उसीन (उबाल ) लीं आ वोहि पानी से आपन चेहरा दिन भर में दू तीन बेर धोई।

४. टैनिंग दूर करे खातिर
पाकल चाहे काच आम के छिलका के अपना हाथ गोड़ पर रगड़ लीं, एहमें मौजूद विटामिन C से राउर टैनिंग दूर हो जाइ। छिलका मल्ला के बाद दही भा मलाई से मसाज करीं।

आपन राय जरूर दीं