सच्चा प्यार के सच्ची कहानी राजा हिन्दुस्तानी

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

भोजपुरी फिलिम “प्यार होके रही” के अपार सफलता के बाद अब मनोज आर0 पाण्डेय के अगिला प्रेम कहानी वाला फिलिम होई ‘राजा हिन्दुस्तानी’, एह फिलिम के बनावे के घोषणा एडीआरएस एन्टरटेन्मेंट के प्रवीण कुमार कर चुकल बाड़।

प्रवीण कुमार के अनुसार उ मनोज आर0 पाण्डेय अउरी मोनालिसा के हिट जोड़ी वाली फिलिम ‘प्यार होके रही’ के सफलता के बाद ई निर्णय लेहले हउवन कि आपन अगिला फिलिम ‘राजा हिन्दुस्तानी’ में भी एही हिट जोड़ी के रखिहन, मनोज आर0 पाण्डेय बतावत बाड़न कि सच्चा प्यार के सच्ची कहानी ‘राजा हिन्दुस्तानी’ हऽ।

फिलिम में एगो जबरदस्त संवाद भी समाहित कईल गईल बा कि ‘नफरत के बदला में…देनी प्यार के निशानी, बिहार के लईका हई हम…नाम हऽ राजा हिन्दुस्तानी’. फिलिम के निर्माता प्रवीण कुमार बाड़न जबकि लेखन आ निर्देशन के बागडोर महमूद आलम संभाल रहल बाड़ें. गीत जाहिद अख्तर आ संगीत राजेश गुप्ता के बा. जबकि मुख्य किरदार में मनोज आर0 पाण्डेय अउरी मोनालिसा बाड़ी. बाकी के कलाकारन के चयन के काम हो रहल बा।

आपन राय जरूर दीं