भोजपुरी लघु फिल्म भोर

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

उज्ज्वल पांडेय निर्देशित भोर..पुरुआ कै दुसरा फिलिम ह, जउन कुणाल भारद्वाज के अंग्रेजी में लिखल लघु कथा “सुसाइड” के ऊपर बनल बा. हमनी के देश मे किसान, चाहें जीवन के संघर्ष में घेराइल साधारण अदिमी जब निराश हो जाला, त आत्महत्या ओकरा आसान रास्ता लागे ला. ओकरा बुझाला की अइसे ओकर हर समस्या के समाधान हो जाई। बाकिर ओकरा ई ना बुझाला की उ त चल जाई, लेकिन अपना पीछा एगो पूरा दुनिया छोड़ के जाई, जे रोज ओकरा फेर से लौटे के उम्मीद में दुआरी खड़ा रही।

रोज ओकरा के याद कर के आँसू बहाई। भगवान इतना सुन्दर दुनिया बनवले बारे, आ हमनी के एगो कीमती जिनगी देले बारे। ओकरा के लड़ के समस्या के समाधान निकाले क चाहीं, आत्महत्या कर क भागे क ना।

पुरुआ के भोजपुरी लघु फिल्म भोर में कुणाल भारद्वाज के कहानी एगो आशा के किरन लेके आइल बिया। उज्जवल पांडेय के निर्देशन में बनल ए फिलिम के यूट्यूब के पुरुआ चैनल पर देखीं. औरी लोग के देखाईं।

Film: Bhor (भोजपुरी लघु फिल्म भोर)
Director: Ujjwal Pandey (Kohabar)
Story: Kunal Bhardwaj (Love was never Mine, Suicide)
Singers: Bhayil Bhor (Rahul Mani Tripathi, Sejal), Bhikhua (Himanshu Dubey)
Lyrics & Music: Ujjwal Pandey
DOP: Ayush Mishra
Cast: Harish Pal, Manisha Rai, Shalu Kushwaha, Anupam Ojha, Satish Pandey, Shubham, Shiv, Ram, Sanjiv Mishra
Production Manager: Satish Pandey, Harshit Pandey
Assistant Director: Rajnish Pandey, Ashutosh Dubey
Background Score: Pooja Mishra, Raj Tripathi

आपन राय जरूर दीं