विद्या शंकर विद्यार्थी जी के लिखल विदाई गीत

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

भोरभोरे डोलिया में विदाई होली बिटिया
अजुए से सबसे पराई होली बिटिया

गाँव के इयदिया अँचरिया में लिहली
माई आजू भरी अंकवरिया में लिहली
सिंकिओ से सिंकिया खराई होली बिटिया |

डोलिया चढ़ावत भइया धीरवा धरावेलन
अँखिया से हर$ हर$ हो निरवा गिरावेलन
हरवा के मेटेला हो हराई होली बिटिया |

सखिया सहेली छुटस छुटेली बहिनिया
पनिया पिआवताड़ी लोटा ले नउनिया
मथवा के पगरी के ंचाई होली बिटिया |

ललसा रे ललसा असरवा रे असरवा
छुटल जाली बेटी भइल जाली बेअसरवा
मनवा के मीत के मिताई होली बिटिया |

विद्या शंकर विद्यार्थी

आपन राय जरूर दीं