भोजपुरीया बानी हमनी के

1
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

भोजपुरिया बानी हमनी के,
बता दी ई बात सभनी के।
राजेन्द्र प्रसाद शान हउवें,
रखले बीर कुंवर सिंह मान हउवें,
जय प्रकाश नारायण जान हउवें।
भोजपुरिया बानी हमनी के,
बता दी ई बात सभनी के।
भिखारी ठाकुर के अदभुत रचना बा,
महेंदर मिसिर के लाजवाब गाना बा,
लोकगीत में छलकत पैमाना बा,
भोजपुरिया बानी हमनी के,
बता दी ई बात सभनी के।
कपारे बान्हल एगो गमछा बा,
खेत-खलिहान सबले आछा बा,
सारा जहान भोजपुरिया से पाछा बा।
भोजपुरिया बानी हमनी के,
बता दी ई बात सभनी के।
बशिष्ठ जी के गणित में जादू चलल बा,
कई गो IAS, IPS भी बनल बा,
बड़का बड़का पद भोजपुरिया से समहरल बा,
कतना बताईं कथनी-करनी के,
भोजपुरिया बानी हमनी के,
बता दी ई बात सभनी के।
सोच-समझ के जान लीं,
भोजपुरिया अगर कुछो ठान ली,
पूरा करे खातिर ओहके,पारान दी,
बुझ के का रखले बानी हमनी के,
भोजपुरिया बानी हमनी के,
बता दी ई बात सभनी के।
भोजपुरी भाषा में मिठास बा,
एकर पताका फहरत आकाश बा,
असल में माईभाखा त हमनी के सांस बा।

भोजपुरी कविता: भोजपुरीया बानी हमनी के
लेखक: आदित्य प्रकाश अनोखा
जिला छपरा
गांव मनोहर बसंत
बिहार 841202

1 COMMENT

  1. जोगीरा के आभार की हमर एगो छोट परयास के आपन वेबसाइट प जगहा दिहलें।
    भोजपुरी में फाइलल अश्लीलता प अगर जोगीरा बिचार करे त सराहनीय रही आ भोजपुरी के लूटल अस्मिता हमनी के पाइब जा।

आपन राय जरूर दीं