कबीर जयन्ती औरी बिश्व भोजपुरी दिवस

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

“बुरा जो देखन मैं चला, बुरा न मिलिया कोय,
जो दिल खोजा आपना, मुझसे बुरा न कोय”

आज मिती १९/०२/२०७२ मंगर वार के दिन “नेपाल भोजपुरी सामाज औरी भोजपुरी भाषा अधयन्न तथा अनुसन्धान केन्द्र के संयुक्त आयोजना में माईस्थान माध्यमिक बिद्यालय के प्रागंन ने भोजपुरी के आदिकवि कबीरदास जी के ६१७औ जन्म जयन्ती के साथ साथे बिश्व भोजपुरी दिवस के शुभ अवसर में साहित्यीक गोष्टी के आयोजना कईल गईल ह I जेकर समुद्घटन भोजपुरी भाषा के भीष्मपितामह पण्डित दीप नारायण मिश्र जी के हात से दीप प्रज्वलित कर के कईल गईल ह।

नेपाल भोजपुरी सामाज के केन्द्रीय अध्यक्ष गोपाल अश्क जी के अध्यक्षता में आयोजना कईल गईल यी साहित्यिक गोष्टी में भोजपुरी भाषा के बारिस्ट साहित्यकार लोग उमाशंकर दुबेदी, राम प्रसाद साह, बिका गिरी, नागेन्द्र साह कानू, दिनेश गुप्ता, अरुण बिक्रम साह, बिक्रम साह औरी नेपाल भोजपुरी सामाज के पर्सा जिल्ला अध्यक्ष मास्टर तारा सिंह के उपस्थिति रहल।

भोजपुरी अध्यन तथा अनुसन्धान केन्द्र के केन्द्रीय अध्यक्ष आनन्द गुप्ता, उपाध्यक्ष सुनील पटेल के साथ साथै पर्सा जिल्ला संयोजक सालमा खातून, पर्सा जिल्ला सह संयोजक अशोक कुशवाहा/ श्रवण प्रसाद साह औरी सचिव जितेन्द्र साह ” प्रियांसू ” जी, मिथिलेश चौरसिया जी औरी भोजपुरी अध्यन तथा अनुसंधान केन्द्र बारा के पिंकी यादव जी के उपस्थिति रहल ह I आनन्द जी के उद्घोसन से सुरु कईल यी कार्यक्रम में डा. हरेराम ठाकुर, मधेसी पत्रकार सामाज के अध्यक्ष संतोष पटेल बरिष्ट भोजपुरी साहित्यकार उमाशंकर दुबेदी, नागेन्द्र साह कानू, मास्टर तारा सिंह औरी दिनेश गुप्ता जी आपन आपन बात रखनी ह लोग I कबिता, गजल औरी गीत बाचन के क्रम में बिका गिरी, बिक्रम साह, राम प्रसाद साह, डा. अमरेश यादव, मनोज पटेल, पिंकी यादव, अच्युत प्रधानांग, यमुना प्रधानांग, अरुण बिक्रम साह, ऋतूराज पटेल, अजमद अली अंसारी औरी बिरेन्द्र यादव जी आपन आपन गीत कबिता गजल औरी मुक्तक बाचन कईनी ह लोग।

पत्रकार संघतिया लोग में संतोष पटेल, मनोज पटेल, अजय चौरसिया, श्रवण प्रसाद साह जी के उपस्थिति रहल ओइसे ही बीरगंज रिपोर्टर्स क्लब के अध्यक्ष जीवन लाल श्रेष्ठ जी भोजपुरी साहित्यकार पण्डित दीप नारायण मिश्र जी के चादर ओढा के सम्मान कईनी ह औरी अंत में एकर सामपन नेपाल भोजपुरी सामाज के अध्यक्ष गोपाल अश्क जी के शब्द से भईल ह।

आपन राय जरूर दीं