कन्हैया प्रसाद रसिक जी के लिखल छठ के गीत

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

तन बा बिदेश मन गाँवे बा ए माई
रहि रहि याद आवे छठ के पुजाई ।।

उखिया शरीफा फल
दउरा लेके माथे चलल
रहि रहि याद आवे ठेकुआ बनाई ।।
तन बा बिदेश मन गाँवे बा ए माई
रहि रहि याद आवे छठ के पुजाई ।।

जोड़ा कलसूप नरियर
धोतिया पहिरी पियर
रहि रहि याद आवे घाट के लिपाई ।।
तन बा बिदेश मन गाँवे बा ए माई
रहि रहि याद आवे छठ के पुजाई ।।

बहंगी के लचकन
याद आवे बचपन
भिखिया में मिले फल ठेकुआ मिठाई
तन बा बिदेश मन गाँवे बा ए माई
रहि रहि याद आवे छठ के पुजाई ।।

बाबा भूंइपरी करस
बबुआ के भारा भरस
देख देख हुलसेले रसिक कन्हाई ।।
तन बा बिदेश मन गाँवे बा ए माई
रहि रहि याद आवे छठ के पुजाई ।।

~ कन्हैया प्रसाद रसिक ~

Chhath ke geet written by Kanhaya prasad rasik.

आपन राय जरूर दीं