धरम

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
कामेश्वर भारती
कामेश्वर भारती

आगे खाई पिछे खाई
संकट में बा जियरा मितवा।
संकट में बा जियरा मितवा।
साधु संत चोर हो गइले,
धरम भइले बहिरा मितवा।
संकट में बा जियरा मितवा।
योगि जोगि भोगि हो गइले
मंदिर में बा पहरा मितवा।
संकट में बा जियरा मितवा।
राम नाम के चादर ओढ़े
घाव लगावे गहरा मितवा।
संकट में बा जियरा मितवा।
अबहुं से चेतऽ “पथिक, भइया
घरघर बाड़िदऽ दियरा मितवा।
संकट में बा जियरा मितवा।

पिछला लेखमनवा कईसे लागी
अगिला लेखगरीबी
टीम जोगीरा आपन भोजपुरी पाठक सब के ई वेबसाइट उपहार स्वरुप भेंट कर रहल बा। हमनी के इ कोशिश बा कि आपन पाठक सब के ढेर से ढेर भोजपुरी में सामग्री उपलब्ध करावल जाव। जोगीरा डॉट कॉम भोजपुरी के ऑनलाइन सबसे मजबूत टेहा में से एगो टेहा बा, एह पऽ भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री के टटका ख़बर, भोजपुरी कथा कहानी, भोजपुरी किताब, भोजपुरी साहित्य आ भोजपुरी से जुड़ल समग्री उपलब्ध बा।

आपन राय जरूर दीं