जनसंख्या दिवस पर जागरुकता आ काब्य गोष्ठी के आयोजन

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

दक्षिणी दिल्ली बदरपुर के मीठापुरचौक पर विश्व जनसंख्या दिवस के अवसर पर लाल कला मंच के ओर से जागरुकता आ कवि गोष्ठी के आयोजन कइल गइल। जेकर मुख्य उद्देश्य रहे जनसंख्या विस्फोट से होए वालाप्रभाव के कम करे के आ जनसंख्या के दर कइसे कम कइल जा सकेला एह पर चर्चा भइल । लालकला मंच के अध्यक्ष सोनू गुप्ता अतिथि केगुलदस्ता भेट कइली।एह गोष्ठी के अध्यक्षता बर समाजसेवी राजेन्द्रअग्रवाल कइले आ मुख्य अतिथि के रुप में बर समाजसेवीका जगदीश चंद्र शर्मा रहले।

एह कारिकरम के संचालन शिव प्रभाकर ओझा जी कइले। एह अवसर परसब कवि आ वक्ता लोग विश्व जनसंख्या दिवस के अवसर पर शपथ ले ले की तन मन कर्म आ बचन से आबादी कम करने के लिए परयास करेब जा ।

काब्य गोष्ठी के शुरुआत वरिष्ठ साहित्यकार जय प्रकाश गौतम के सरस्वती वंदनासे शुरु भइल, जे में दिल्ली आ एन.सी.आर के दर्जनों कवि लोग आपन-आपन कविता के जरिये जनसंख्या कम करे आ बेटी बचाव आबेटी पढ़ाव के साथे-साथे वीर रस के कविता से देश के भ्रष्ट नेताओं पर व्यंग कसले आदेशभक्त अमर सपूत के नमन कइले। उपस्थितकवि मेंडा.सत्य प्रकाश पाठक, डा.कृष्णानंद तिवारी, लाल बिहारी लाल कहले-आबादी रोज-रोज बढ़े लइकी पर कम होयदिशहित समाज में यह अजब ई संकट होय। अमृता रानी, विनोद कुमार, शिव प्रभाकर ओझा, गिरि राजगिरीश, मा.कृपा शंकर, राजेन्द्र अग्रवाल, डा.के.के. तिवारी, अशलम जावेद आदि भी आपन-आपन सुमधुर कविता से समा बांध दिहले। जेहकरण पूरा सभागार तालियों की गड़गड़ाहट से गुंजत रहे। अंत में संस्था के अध्यक्ष सोनूगुप्ता सब आइल लोगन के हार्दिक धन्यवाद दिहली।

आपन राय जरूर दीं