मैदा एगो धीरा जहर

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

मैदा एगो धीरा जहर ह आ इ मय किचन में लउक जाई | जे लो वजन घटावे चाहता ओकरा खातिर इ बहुत हानिकारक बा ओकरा मैदा से बनल कवनो चीज ना खाए के चाही |

बहुत लो कहेला की इ त गेहू से बानेला त ख़राब कईसे हो गईल त सुनी जब गेहू में से फाइबर निकाल लिहल जाला आ फेर ओकरा के बेंजोईल पेरोक्साइड ब्लीच कईल जाला जेकरा से इ बेसी साफ ,उजर रंग आ टेक्सचर दिहल जाला रवुआ जान के चाहुआ जयेम की चीन समेत कुछ यूरोपी देश में बेंजोईल पेरोक्साइड के बंद कर दिहल बा ओहिजा केहू उपयोग ना करेला आई मैदा से होखे वाला बेमारी देखल जाव :-

    • गठिया आ हार्ट के बेमारी: जब ब्लड शुगर बढेला त खून में ग्लूकोज जमें लगेला , फेर एसे देह में केमिकल रिएक्शन होला , जेकरा से कैटरैक्ट से ले के गठिया आ हार्ट के बेमारी होखे लागेला |
    • हड्डी कमजोरी: जब मैदा बनावल जला त एकरा से प्रोटीन फाइबर निकल लिहल जाला जेकरा से इ असेडिक बन जाला जे हड्डी से कैल्शियम खीच लेला आ आ हड्डी कमजोर हो जाला
    • खाना एलर्जी होला: मैदा में बहुते बेसी ग्लूटन होला जे खाना के लचीला बना के ओकरा के मुलायम टेक्सचर देला
    • पेट खातिर ख़राब: मैदा पेट खातिर ख़राब येही से होला की एमे से फाईबर निकल लिहल जाला जेकरा से पेट के बहुत बीमारी जन्म लेलेला |
    • मोट बनावेला: मैदा खाए से देह के वजन बढे लागेला आ देह मोटहन हो जाला इहे ना एकरा से कोलेस्ट्रोल के लेवल खून में ट्राइग्लिसराइडनो बढेला |

जदी देह के फिट आ स्वस्थ राखे के बा त मैदा के बनल सामान से परहेज करी |

आपन राय जरूर दीं