मलिकाईन आईल बाड़ी

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
मलिकाईन आईल बाड़ी
मलिकाईन आईल बाड़ी

दिन भर महभारत बांचेली !
हमरी कपार पर नांचेली !
अपनी मांगन पर अड़ जाली !
जे मना करी हम लड़ जाली !
कहें हमसे कि जीन्स ले आव, हम
नाही पहिनेलीं साड़ी !
नवहा नवहा हमरा घर में, मलिकाईन आईल बाड़ी !

घरवाके होटल जानेली !
हमराके वेटर मानेली !
पेप्सी कोला बीयर पीएं !
पॉपकोर्न आ चिप्स प जीएं !
रोटी तरकारी रुचे ना, हमरासे मांगे
बिरयानी !
नवहा नवहा हमरा घर में, मलिकाईन आईल बाड़ी !

पचहत्तर गो क्रीम मंगावें !
सब पईसा में आगि लगावें !
हमरो के कुछ बाति बतावें !
टेढ़ आँखि कइके समझावें !
कहें हमके, “क्लीन हो जाओ, क्यों रखते ये
घटिया दाढ़ी !”
नवहा नवहा हमरा घर में, मलिकाईन आईल बाड़ी !

एकदिन काम से अइनी जब !
खूब सेवा कईली तब !
लगनी सोचे ई का होता !
कउवा कईसे बनल तोता !
सोचत रहनी तवले कहली, “राजा,
हमको चहिए गाड़ी !”
नवहा नवहा हमरा घर में, मलिकाईन आईल बाड़ी !

नखरा कि उनकर एतना बा !
गीनि ना पाईं केतना बा !
जेतने होखो सब ठीक बा !
जईसन होखो सब नीक बा !
काहें कि हमरी मनवा में त, बस ऊहे समाईल बाड़ी !
नवहा नवहा हमरा घर में, मलिकाईन आईल बाड़ी !

सांभर: भोजपुरी गीत गजल गवनई फेसबुक ग्रुप

पिछला लेखगरीबी
अगिला लेखशनिचर
टीम जोगीरा आपन भोजपुरी पाठक सब के ई वेबसाइट उपहार स्वरुप भेंट कर रहल बा। हमनी के इ कोशिश बा कि आपन पाठक सब के ढेर से ढेर भोजपुरी में सामग्री उपलब्ध करावल जाव। जोगीरा डॉट कॉम भोजपुरी के ऑनलाइन सबसे मजबूत टेहा में से एगो टेहा बा, एह पऽ भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री के टटका ख़बर, भोजपुरी कथा कहानी, भोजपुरी किताब, भोजपुरी साहित्य आ भोजपुरी से जुड़ल समग्री उपलब्ध बा।

आपन राय जरूर दीं