राम बनइलन जोड़ी बनके तइयार भइल

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

न्यू इंटरटेनमेंट के बैनर में बनत भोजपुरी फिलिम ‘राम बनइलन जोड़ी’ अब बनके तइयार बा. एकर पूरा शूटिंग बिहार के मुजफ्फरपुर आवुर वैशाली जिला में भइल बावे. गाना बहुते बढ़िया बा . तीन गो आइटम सांग बावे. फिलिम जल्दिए रिलीज होखी.ऐ फिलिम का माध्यम से छपरा जिला के नवोदित अभिनेता नील सिंह के फिलिम इंडस्ट्री में लांच कइल गइल बा. फिलिम दूगो भाईयन के कहानी ह जे बड़हन बने के सपना देखेला आवुर ओह सपना के पुरावे ला कवन कवन परेशानी झेलेला आवुर का का पापड़ बेलेला उहे सब देखावल गइल बा,
निर्माता प्रशांत, निर्देशक के. सुजीत, गीत बुलेट ब्रह्मचारी, संगीत श्री मुकेश, नृत्य नवीन सिंह, आर्यन राज, छायांकन पंकज राय, मनोज यादव आवुर सह निर्माता पी. लक्ष्मीना. मुख्य कलाकारन में नील सिंह, अमित आर्या, टूवा खान, प्रियंका सिंह, तनु श्री, तनीषा, अंशिका, सतीश साहनी, रूपा सिंह वगैरह शामिल.

आपन राय जरूर दीं