सेवई के खीर बनावे के विधि

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

रिंकी पंडित जी के सेवई के खीर बनावे के विधि

सेवई के खीर: सेवई सब कोई के खाये में निमन लागेला, ईद के दिन मुस्लमान भाई लोग के घरे सेवई जरूर बनेला, खाना खाये के बाद मीठा में सेवई होखे त मियाज खुस हो जाला । हमरा त सेवई सेरवा के खाइल अच्छा लागेला। सेवई के फ्रिज में रख दीं आ ठण्डा गइला प खाई, स्वाद में चार चाँद लाग जाइ।

इहो देखीं: पियाज़ के पकौड़ी बनावे के विधि

सेवई बनावे के तरीका बहुत आसान बा, त आई जानल जाव एकरा के बनावे के विधि।

सेवई के खीर बनावे खातिर हमनी के कौन-कौन समान लागी ओकर लिस्ट नीचे बा:

  1. घीव-छोटी चुकी चम्मच से एक चम्मच
  2. सेवई-एक कटोरी
  3. चीनी-आधा कटोरी
  4. काजू-दस-बारह गो
  5. इलाइची पाउडर
  6. नरियल के बुरादा-दु चम्मच छोट चम्मच
  7. बादाम-दस-बारह गो

सेवई के खीर बनावे के विधि:

रिंकी पंडित जी
रिंकी पंडित जी

कराही ले ली आ ओकरा के गरम होखे खातिर गैस पे रख दी जब कड़ाही गरम हो जाव त घीव डाल के सेवई भुज के निकल ली।

अब एक लीटर दूध कराही में डाल के गरम कर ली, जब दूध गरम हो गइला के बाद ओह में काजू, बादाम आ नरियर के बुरादा डाल दीं, अउरी दू मिनट तक एकरा के पकाई। दू मिनिट के बाद में दूध में सेवई आ चीनी भी डाल दीं।

एकरा बादी में सेवई के दू मिनट तक अउरी पका ली, ओकरा बाद में इलाइची के पाउडर डाल के मिला ली, अब गैस के बंद कर दीं , याद राखेम की सेवई में के दूध के हमनी के पूरा सुखावे के नइखे, सेवई में दूध तनी रखे के बा, काहे की सेवई जब ठंडा होखे ला त सुख जाला, एहि खातिर हमनी के सेवई में दूध रखे के बा।

अब हमनी के सेवई बन गइल बा। एकरा के काजू से सजा ली ओकरा बादी में खाई।

सेवई के खीर बनावे के विधि के वीडियो हिन्दी में:

ध्यान दीं:
रउरा घीव खाये में निमन ना लागेला त रउवा सेवई के रिफाइन में भुज ली अउरी सेवई में इलाइची के पाउडर जरूर डाली काहे से की इलाइची से सेवई में बहुत निमन खुशबू आवेला।

अगर रउवा लोग के हमार सवाई के रेसिपी कइसन लागल कमेंट करके जरूर बतायेब आ ज्यादा से ज्यादा शेयर करीं की आउरी लोग भी सवाई बनावे के सीख सके लोग।

इ रेसिपी रिंकी पंडित जी के ह आ वीडियो उँहा के यूट्यूब चैनल रेसिपी मंत्रा से लीहल गइल बा।

भोजपुरी के कुछ उपयोगी वीडियो जरूर देखीं

जोगीरा डॉट कॉम पऽ भोजपुरी पाठक सब खातिर उपलब्ध सामग्री

ध्यान दीं: भोजपुरी फिल्म न्यूज़ ( Bhojpuri Film News ), भोजपुरी कथा कहानी, कविता आ साहित्य पढ़े  जोगीरा के फेसबुक पेज के लाइक करीं।

आपन राय जरूर दीं