तारकेश्वर राय जी के लिखल तू कलाकार बिघना, हमहू कलाकार

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

कलाकारी से हमरा नियर इंसान तू गढ़ल |
इंसान के गढ़ गढ़ तू सृष्टि में आगे बढ़ल ||

बिघना के इ कलाकारी देखी |
नर मादा के सुनर रूपवा निरेखि ||

नर आ मादा के मेल से, आगे डगरी सृष्टि |
कर उपाय, राख सुघर सोच, नीमन दृष्टि ||

नीमन जबून के पहचान करावेला हर माँ बाप |
समय के फेर से बदल जाला सबकर नाप ||

समय के कान्ह चढ़, उमरिया बढ़ल |
जिनगी चली कइसे, चिंता छाती चढ़ल ||

जिनगी त ह एक बंसुरी नियर |
छेद होला कई गो, चाहे होखे लाल चाहे पियर ||

बांसुरी जिनगी के, बजावे जे जान गइल |
बिघना क निक उपहार बा, उ इ मान गईल ||

जेकरा ना आइल एके बजावे |
बा परेशान उ, कइसे जिनगी बचावे ||

तोहार बनावल कीर्ति आपस में भिड़े |
जात पात ंच नीच धर्म बदे उठे गिरे ||

हमहू बनवली तोहरे. सूंदर मुरतिया |
बेच बेच तोहरा के हमार बदलल सुरतिया ||

तोहार बनावल कीर्ति एक दूसर के कपारे फ़ोड़े |
हमार बनावल मूरति के आगे हाथ उ जोड़े ||

ओके पूरा बा बिसवास , सुख इहे देहि |
धावत बा मंदिर मस्जिद पूजता राम बैदेही ||

जन सेवा ह, राउर बड़का सेवा |
जाने जहान तबो मुँह मोड़े जइसे बेवा ||

बिघना गढ़ले एके नियर देहिया |
समाज हीगरा देहलस मोट आ मेहीआं ||

धरम आ जात पात में बँटाईल आदमी |
रंग भाषा बोली में छीटा गईल आदमी ||

आदमी के करम से अंझुरा गईल जिनगी |
सझुराइ रउरे ना त डीनगल अउरी डीगी ||

अउरी भोजपुरी कविता पढ़ें खातिर क्लिक करीं

तारकेश्वर राय
ग्राम + पोस्ट : सोनहरियाँ, भुवालचक
जिला : गाजीपुर, उत्तरप्रदेश

आपन राय जरूर दीं