योगी आदित्यनाथ जी युपी के सी एम

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

जानी कुछ महत्वपूर्ण बात युपी के सी एम योगी आदित्यनाथ के बारे में

  1. योगी आदित्यनाथ के असली नाम अजय सिंह नेगी ह
  2. योगी जी के जनम 5 जून 1972 में उत्तराखंड के एगो छोट गाँव में भइल रहे
  3. योगी जी के लगे 72 लाख के संपत्ति, एगो रायफल आ रिवॉल्वरो बा
  4. योगी आदित्यनाथ पहिला हाली २६ के उमीर में सांसद बनल रहनी
  5. आदित्यनाथ के लगे तीन गो गाड़ी बा टाटा सफारी, टोयोटा फॉर्च्यूनर आ इनोवा

योगी आदित्यनाथ के राजनितिक यात्रा

योगी जी के गुरु अवैद्यनाथ जी १९९८ में राजनीती से सन्यास लिहनी आ योगी जी के आपन उत्तराधिकारी घोषित कर देहनी। एहिजा से योगी के राजनितिक सफर शुरू हो गइल। १९९८ में गोरखपुर से लोकसभा के चुनाव जीतकर योगी आदित्य नाथ संसद पहुचनी त इंहा के सबसे कम उमीर के सांसद रहनी।

आदित्यनाथ जी हिंदू युवा वाहिनी के गठन कइनी आ धरम परिवर्तन के खिलाफ मुहीम छेड़ दिहनी। आदित्य नाथ के नावे कए गो आपराधिक मामला दरज बा।

आदित्यनाथ जी के यूपी के मुखमंतरी बनला प बधाई उमीद बा की जतना बिकास गोरखपुर के भइल बा ओतना बिकास युपीयो के होइ।

उमीद बा की उत्तर परदेश दिसा आ दासा दुनु बदली आ बिकास के काम होइ

आपन राय जरूर दीं