कवन खुबी पवनी भोला

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

कवन खुबी पवनी भोला टुटही मड़ईया हो कवने खुबिया ना पवनी भंगिया के पतईया कवने खुबिया ना
दुनिया के दिहनी भोला महल घोडा गाड़ी अपने करीले काहें बैला के सवारी

भावे नाही काहें रउरा तोसक रजईया हो कवने खुबिया ना पवनी भंगिया के पतईया कवने खुबिया ना
मन काहें भावे नाही मिश्री आ मेवा भंगिया धतूर के करीले कलेवा

चित पर ना चड़े रउरा खोवा के मीठईया हो कवने खुबिया ना पवनी भंगिया के पतईया कवने खुबिया ना
बसेला प्राण राउर भूत बैताल मे का माजा मिले भोला मिर्गा के छाल मे कवने खुबिया ना

पवनी भंगिया के पतईया हो कवने खुबिया

आपन राय जरूर दीं