गंगा माई के उँची अररिया

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

गंगा माई के उँची अररिया तिरियवा एक रोवेली होँ,
ए गंगा मइया अपने लहर मोहे देतु त हम धँसि मरति हो,

किया तोरा ए तिरिया नइहर दुख….. किया ससुर दुखहो।
ए तिरिया किया तोरा कन्ता विदेश कथिये दुखवा रोवेलु हो।

नाहि हमार ए गँगा मईया नइहर दुख, नाहि ससुर दुख हो,
ए गँगा मइया नाहि मोरा कन्ता विदेश, कोखिय दुखवा रोवेनी हो

आपन राय जरूर दीं