धरती के त नाप ही लेहम

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

धरती के त नाप ही लेहम,
गोड़ बढ़ावल बाकी बा।

आपन वसुधा के आगे ई,
दुनिया झुकावल बाकी बा।

गर ना होखे विश्वास अगर त,
सुन ल ए दुनिया वालन।

धरती त इ धरती बा,
अम्बर के हिलावल बाकी बा।

आपन भोजपुरी भाषा के अब,
दुनिया के बतावल बाकी बा।

इ बन जाई जन-जन के भाषा,
सम्मान सहित शीर्ष प बइठावल बाकी बा॥

————————————————————

जिन्दगी अब हो गईल अमावश के रात बा ।

नूर ए मंजिल खो गईल रास्ता अंजान बा ।।

जिन्दगी अब आवारा गर्दा बन के उड़ गईल ।

कुछ कदम के साथ से तहरो अहसान बा ।।

आपन राय जरूर दीं