हमनी के छोड़ी के नगरिया ए बाबा

1
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

हमनी के छोड़ी के नगरिया ए बाबा
कि आरे बाबा छोरि दिहलें घर परिवार कवन बनवा माई गईली हो
हमनी के छोरि के नगरिया ए बाबा
कि आहो बाबा सूनी कई के घरवा-दुवार कवन बनवा माई गईली हो

गउवां के लोगवा केहू-केहू से ना बोले
छोटका लइकवा भोर ही से अंख नहीं खोले
सुनसान भइली डगरिया ए बाबा
कि आरे बाबा निमिया हो गईल पतझार कवन बनवा माई गईली हो

कईसअ हो बाबा हमरी माई से मिला द
सपरो तजा के हमरो अरज सुना द
छोटका के छोटे बा उमिरिया ए बाबा
कि आरे बाबा परिलीं हम पउआं तोहार कवन बनवा माई गईली हो
कि आरे बाबा सूना कई के अंगना दुवार कवन बनवा माई गईली हो.

1 COMMENT

आपन राय जरूर दीं