खिचड़ी के खम्भा पर अड़ल शिक्षा

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

खिचड़ी के खम्भा पर अड़ल शिक्षा
गरीब लइकन में बाँटाता दीक्षा
मध्यान्ह भोजन के
जवन मोल होला पंचर ट्रक के टायर के टोचन के
बस उहे बुझीं दुपहर के भोजन के
सरकारी पाठशाला में
शिक्षा के धर्मशाला में
गुरु जी के गोशाला में
जहवां ना पढाई बा
ना लिखाई
खिचड़ी के भारी खम्हा से दबाइल बा शिक्षा
परीक्षा
गंवई स्कूल में
गइनी जे भूल से
लइकवा जुरुर बन जाई चपरासी
बस के खलासी
इहे सरकार के नीति बा
रीति बा
शिक्षा के असली रूप बंद बा
प्राइवेट स्कूलन के खजाना में
जवन भारी फ़ीस के भोझ से
दबाइल बा
सरकारी स्कूल त बा नावे के
खिचड़ी के डभकत बा
लइकन के सपना
कबो कबो बिसमतिया(छिपकली )के संगे
त कबो तेलचट्टा के
संगे संगे डभकेला लइकन के भविष्य
तबहूँ रेडियो आ टीवी पर शिक्षा के विकास देखावल
जाता
सडल चाउर आ दाल के दुआर पर
खिचड़ी बटत बा
पढाई घटत बा
खिचड़ी खियावल जाता
एकरे बाले भारत के भविष्य बनावल जाता

रचनाकार: संतोष पटेल

आपन राय जरूर दीं