चलेला सब केहु कावर उठाई

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

चलेला सब केहु कावर उठाई
बेलवाँ पतईयाँ गंगा जलवा चढाई
भोला हवे भोला उनकर अजबे बा खेला
बडा निक लागेला भोला जी के ई खेला

बोल बम के नारा से गुजेला सारा देवघर
सावन मे बडा सुहावन लगेला बहुते प्यारा
भक्ति के लागेला देवघर मे गजबे मेला
बडा निक लागेला भोला जी के ई खेला

भगीयाँ के गोला चढेला गांजा चिलम
पंकज पुजारी खुबे टनाले बाडे दम
भिड होखेला भारि बाकि होला ना झमेला
बडा निक लागेला भोला जी के ई खेला
*बोल बंम बोल बंम बोल बंम

आपन राय जरूर दीं