जब तक बारी बा उमरिया

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

जब तक बारी बा उमरिया
त बाबा के नगरिया बानी ये राम
ससुरा से आयी जब खबरिया
त माई के दुअरिया छुटी ये राम

एक दिन हमरो सावरिया
लेईके के पिअरिया अईहे ये राम
सखी लोग पेन्हाई के चुनरिया
डोली भीतरिया बईठईहे ये राम

उपरा से ललकी चदरिया
चार गो कहरिया अईहे ये राम
झट दे निकलिहे बहरिया
तनिको ना देरिया लागी ये राम

आपन राय जरूर दीं