टूटत बा बिश्वास के धग्गा

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

टूटत बा बिश्वास के धग्गा, बहुते जल्दी टूटत बा.
गैर लोगवा आपन होता, आपन लोगवा छूटत बा.

जरत बा रिश्ता के दिया अब मतलब का तेल से,
गरज न होखे पूरा त लोग बात-बात में रुठतबा.

घर के बात बतावल जाता दोसरा गावं के लोगसे,
तीसरा क चक्कर में पड़ के दोसरा के घर फूटत बा.

मत पूछी त बढ़िया होई, अब हमदर्दी के बात जी,
शादी अउर सराधे में अब हित नात भी जुटत बा.

केतना घर के चूल्हा चौका बिना जरले सूत जाला.,
कही पे लोगवा भोग-बिलास में लाखों रुपया छिटत बा.

कहे के लोग त आपन बा पर मन सेबा पराया जी ,
एह कलयुग में बाप के हाथे, बेटी के इज्जत लूटत बा.

आपन राय जरूर दीं