बैठल रोवेली गुजरिया हो

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

बैठल रोवेली गुजरिया हो ,
चुनरिया में दाग लग गईल ,
कइसे जाई पीया के नगरिया हो ,
चुनरिया में दाग लग गईल ,
आइल बा गवना के हमरो सनेसवा ,
जायेके बा हमरा के पियवा के देशवा ,
कांच बाड़ी हमरी उमरिया हो ,
चुनरिया में दाग लग गईल ,
नइहर में चार गो यार बनवनि,
दिन रात उनहिसे नैना लड़वली ,
उनके सुतवनि हम सेजरिया हो ,
चुनरिया में दाग लग गईल ,
चार बात सजना के हम भूल गईनी ,
पछतात बानी की इ का कइनी ,
डोली आइल हमरो दुवरिया हो ,
चुनरिया में दाग लग गईल ,
चुनरी के दाग दीप कैसे छोड़ा इब ,
कैसे हम सजना के मुंहवा देखाइब ,
बरसेले अंखिया से बदरी हो ,
चुनरिया में दाग लग गईल ,
कैसे जाई पिया के नगरिया हो
चुनरिया में दाग लग गइल.
बैठल रोवेली गुजरिया हो ,
चुनरिया में दाग लग गईल.

आपन राय जरूर दीं