पियाज़ के पकौड़ी

1
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

रिंकी पंडित जी के पियाज़ के पकौड़ी बनावे के विधि

आज हम बनावतानी पियाज़ के पकौड़ी, इ बड़ा आसानी से बन जाला अउरी खाये में बहुत ही निमन लागेला। रउवा पियाज़ के पकौड़ी सांझी के चाय के साथ खा सकेनी, बरखा के मउसम में पियाज़ के पकौड़ी के एगो अलगे माज़ा बा।

इहो देखीं: सेवई खीर बनावे के विधि

त आई आज हमनी के सिखेब जा पियाज़ के पकौड़ी बनावे के तरीका।

आवश्यक सामग्री:

  1. बेसन- एक कटोरी
  2. पियाज़- तीनगो बड़का बड़का
  3. हरिहर मरिचा- चार-पांच गो काट ली
  4. हरदी- आधा चम्मच
  5. निमक- एक छोट चम्मच भा अपना हिसाब से
  6. हरियर धनिया- आधा कटोरी
  7. पकौड़ी छाने खातिर सरसो के तेल

पियाज़ के पकौड़ी बनावे के विधि के वीडियो हिन्दी में:

बनावे के विधि विस्तार में:

रिंकी पंडित जी
रिंकी पंडित जी

पकौड़ी के घोल बनावे खातिर एगो बर्तन ले ली, अब ये में हमनि के काटल पियाज़, हरिहर मरिचा, हरिहर धनिया, हरदी पिसल, नून एक चम्मच चाहे अपना हिसाब से अउरी बेसन डालके मिला ली अउरी तनी-तनी पानी डालके पकौड़ी के सारा सामग्री के घोल बना ली।

पानी एक साथे नइखे डाले के ना त राउर पकौड़ी के घोल गील हो जाइ, घोल गील हो गइला प पकौड़ी कड़ाही में छितरा जाइ।

अब कराही ले ली आ ओकरा के गरम होखे खातिर रख दी जब कराही गरम हो जाओ तब तेल डाल दी। अब तनी मनी घोल तेल में डाल के देख ली की तेल गरम भइल बा की ना, ओकरा बाद घोल के छोट छोट गोली बना के तेल में डाल दी, जब एक तरफ के पकौड़ी लाल हो जाइ तब ओकरा के पलट दी अउरी दुसरको तरफ से लाल कर ली।
जब दुनू तरफ से पकौड़ी लाल हो जाइ तब हम ओकरा के एगो पलेट में निकाल ली।

रउवा पकौड़ी के चटक-मटक बनावे खातिर पकौड़ी के ऊपर चाट के मसाला अउरी कला नीमक डाल सकेनी।

ध्यान दीं:
पकौड़ी बनावत समय गैस के आंच ढेर तेज मत रखी न त पकौड़ी भीतर से काच रह जाइ।
रउवा अगर तीता खानी त पकौड़ी के घोल में पीसल लाल भा हरिहर मरिचा डाल के अपना हिसाब से तीता बना ली।

इ रेसिपी रिंकी पंडित जी के ह आ वीडियो उँहा के यूट्यूब चैनल रेसिपी मंत्रा से लीहल गइल बा।

आपन राय जरूर दीं