विनोद भोजपुरीया जी के लिखल सरस्वती वन्दना

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

दे देतू अतने हमरा के वरदान ऐ मईया ।
ई जगवा में देतू हमरो पहिचान ऐ मईया ।।

हमहु चिन्हल जाइती अपने नाव से ।
मन शीतल रहित ज्ञान के तोहरा छाव से ।।
मान से हमरो भर देतू सम्मान ऐ मईया ।।
ई जागवा में देतू हमरो पहचान ऐ मईया ।।
दे देतू अतने हमरा के…..

फूल कमल पर विराजे नु ये मईया ।
हंस वाहन चढ़ गेयान बाटे लू ये मईया ।।
जीवन लयमे रहित मधुर देतू तान ऐ मईया ।।
ई जगवा में देतू हमरो पहचान ऐ मईया ।।
दे देतू अतने हमरा के ….

सगरो पसरल सघन अन्हर जाल बा ।
मन मे मचल हमरो एके उत्फाल बा ।।
“विनोद” विनती पर देतू एक बेर ध्यान ऐ मईया ।।
ई जागवा में देतू हमरो पहचान ऐ मईया ।।
दे देतू अतने हमरा के…..

विनोद भोजपुरीया
गौशला रोड, सीवान(बिहार)
फोन नो -9667301245

इहो पढ़ी: देवेन्द्र कुमार राय जी के लिखल कुछ भोजपुरी कविता

ध्यान दीं: भोजपुरी कथा कहानी, कविता आ साहित्य पढ़े खातिर जोगीरा के फेसबुक पेज के लाइक करीं

आपन राय जरूर दीं