49 गो भोजपुरी कवि सब के परिचय

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

परनाम ! स्वागत बा राउर जोगीरा डॉट कॉम प, रउवा सब खातिर हमनी ले के आईल सन 49 गो भोजपुरी कवि सब के परिचय। पढ़ीं आ जानी भोजपुरी कवि लोगन के बारे में। रउवा सब से निहोरा बा कि अगर रउवा सब इ जानकारी अच्छा लागल त शेयर क के आगे बढ़ाईं।

  1. राघवशरण मिश्र
    स्व० मुंहदुब्बर उपनाम से रचना ।
    जन्म तिथि : 1912 ई.
    जन्म स्थान : पोडतपुर (सारण)।
    भोजपुरी हास्य-व्यंग कविता के जानलमानल कवि । कवि-सम्मेलन के मंच से हास्य-व्यंग के कविता पढ़ के आम आदमो में कविता के रूचि जगावे में सफल । एगो काल्य-संकलन रकझक प्रकाशित ।
  2. स्व० रघुनाथ चौब
    जन्म तिथि : 2-9-1938
    जन्म स्थान : बरंजा, सारण ।
    भोजपुरी हास्य व्यंग कविता के ंचाई पर पहुंचावाल स्वनामधन्य कवि । एगो कविता-संग्रह ‘सनेहिया’ प्रकाशित ।
  3. स्व० राधा मोहन ‘राधेश’
    जन्म : 1940,
    जन्म स्थान : नचाप (सारण)
    भोजपुरी के पत्रकार, कवि आ निबंधकार भोजपुरी के बढन्ति खातिर दिन-रात बेचैन रहेवाला ।
    साप्ताहिक पत्र ‘पहरूआ’, मासिक पत्रिका भोजपुरी ‘जनपद’ के सफल संचालन, संपादन । ‘पोजपुरिया सतक’ कविता-पुस्तक प्रकाशित ।
  4. स्व. डॉ. विश्वरंजन
    जन्म तिथि : 15-1-1940,
    जन्म स्थान : छपरा ।
    हिन्दी आ भोजपुरी के ख्यातिलब्ध, कवि, आलोचक आ निबंधकार ।
    ‘टटात परछाई’ नाम के आधुनिक भाव-बोध के कविता संग्रह प्रकाशित । ‘मॉटो के बालो’, भोजपत्र आ आउरी पत्रिकन के सफल संपादन । आधुनिक भाव-बोध के कविता आ आलोचना के दिशादेवे खातिर चर्चित ।
  5. स्व० प्रो० सतीश्वर सहाय वर्मा, ‘सतीश’ ।
    जन्म तिथि : 28-5-1926
    जन्म स्थान : नबोगज, छपरा ।
    भोजपुरी के पहिलका प्राध्यापक । मधुर गीतकार, नाटककार । कई गो एकांकी आ नीति नाट्य लिख के मंचित करवावे खातिर चर्चित । ‘माटी के दीया धौव के बातो’ नाटक आ भोजपुरी गजल संग्रह ‘जल के घारा में दीयना’ प्रकाशित । नाटक के शिववचन सिंह पुरस्कार आ गजल संग्रह के रामनगिना सिंह पुरस्कार प्राप्त । ‘माटो के बोलो’ भोजपुरी पत्रिका के संपादक । पहरूआ के संपादक-मंडल में । सैकड़न गीत पत्र-पत्रिकन में प्रकाशित । दर्जन भर साहित्यिक संस्थन के अध्यक्ष आ सदस्य । भोजपुरी अकादमी के पारस्य ।
  6. स्व० अक्षयवर दीक्षित
    जन्म तिथि : 2-7-1930
    जन्म स्थान : दीक्षितौली, हुस्सपुर, जि० गोपालगंज
    भोजपुरी के कवि, कहानीकार, निबंधकार आ संपादक । दर्जन पर कितावन के प्रकाशन आ चर्चित । भोजपुरी के विकास आन्दोलन में अगुआ ।
    विश्व भोजपुरी सम्मेलन के राष्ट्रीय इकाई के उपाध्यक्ष, अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के पूर्व उपाध्यक्ष आ अखिल भारतीय भोजपुरी भाषा सम्मेलन के पूर्व अध्यक्ष । हुमरो कतेक दूर (निबंध) संग्रह के कुशल संपादक ।
  7. अनिरूद्ध तिवारी ‘संयोग’
    जन्म तिथि : 1-1-1939
    जन्म-स्थान : बहका गाँव, तिवारी टोला. जि० गोपालगंज
    भाजपुरी के जानल-मनल कवि आ कहानोकर । ‘टह टह अंजारिया’ (काव्य-संग्रह) प्रकाशित आ चचिंत । पत्र-पत्रिकन में बराबर रचना प्रकाशित होत रहला ।
  8. अखिलेश्वर पाण्डेय
    जन्म तिथि : 31-12-1975
    जन्म स्थान : बसंतपुर, सारण
    भोजपुरी के उदीयमान कवि, कहानोकार आ पत्रकार । विभिन पत्र पत्रिकन में रचना बराबर प्रकाशित होत रहेला । माखनलाल चतुर्वेदी विश्वविद्यालय, भोपाल में पत्रकारिता में अध्ययनरत ।
  9. अंबदत्त गुंजन
    जन्म : 1965 ई०.
    जन्म स्थान : नबोगंज छपरा ।
    भोजपुरी के उदीयमान कवि आ कहानीकार । भोजपुरी गजल आ शिल्प विषय पर पी.एच.डी. खातिर गाभकार्य में लागल । पत्र-पत्रिकन में रचना प्रकाशित । भाजपुरी के मइगो छात्र संगठन (भोजपुरी विकाखातिर) के नतृत्व ।
  10. अर्द्धन्दु भूषण 
    जन्म तिथि : 31-8-1966
    जन्म-स्थान : रतनपुरा, छपरा ।
    भोजपुरी के कवि, निबंधकार । भोजपुरी के पहिलका बाल-पत्रिका ‘नौनिहाल’ के कुशल संपावन । पत्रकारिता में ख्यातिप्राप्त ।
  11. अशोक कुमार सिंह 
    जन्म तिथि : 20-5-1965
    जन्म स्थान : बगौदिया सारण ।
    समसामयिक विषय पर कविता लेखन ।
  12. पाण्डेय कपिल
    जन्म तिथि : 24-9-1930
    जन्म स्थान : शीतलपुर बरेजा, जि. सारण ।
    हिन्दी भोजपुरी के ख्यातिलब्ध कवि, निबंधकार उपन्यासकार आ भाषाविद् । भोजपुरी आन्दोलन के समर्पित व्यक्तित्व । अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के जन्मदाता आ पूर्व अध्यक्ष, कई संस्थन के सम्मानीत सदस्य आ अध्यक्ष । ‘भोर हो गइल’ (कविता संग्रह). ‘फुलसुंधो’ (उपन्यास) आ कह ना सकलो गजल संग्रह के प्रकाशन । अनेक संग्रह के साझा कवि । संपादक के रूप में ख्यातिप्राप्त । अनेको ग्रंन्धन के संपादन । अनेको पुरस्कार आ सम्मान से सम्मानित ।
  13. कमलदेव राय
    जन्म तिथि : 30-7-1938
    जन्म स्थान : बंदपुर (सारण)
    कविता में व्यंग के छौंक खातिर जान-जायवाला कवि । कहानी लेखन, भोजपुरी गीत-संग्रह ‘गीत-गगरी के प्रकाशन से चर्चित ।
  14. गोपाल प्रसाद
    जन्म : 1936 ई०
    जन्म स्थान : कटहरी बाग, छपरा ।
    हिन्दी भोजपुरी के प्रगतिशील कवि । कविता में वर्ग-संघर्ष के चेतना उभारे खातिर चर्चित । एगो भोजपुरी गजल संग्रह प्रकाशित । विपिन पत्र पत्रिकन में रचना प्रकाशित ।
  15. जनार्दन 
    जन्म तिथि : 2-10-1944
    जन्म स्थान : छपरा ।
    मुक्त छंदी कविता के समर्थ कवि । विभिन्न पत्र-पत्रिकन में रचना प्रकाशित । अनेको साहित्यिक सांस्कृतिक संस्थन के सक्रिय सदस्य । पूरा नाम जनार्दन प्र० श्रीवास्तव ।
  16. जगत नारायण सिह
    जन्म तिथि 13-10-1930
    जन्म स्थान : भोरे, गोपालगंज ।
    भोजपुरी के सफल कवि आ निबंधकार । कविता में यथार्थ के चित्रण खातिर चर्चित । पत्र पत्रिकन में रचना प्रकाशित । भोजपुरी विकास में सक्रिय योगदान ।
  17. जगदीश प्रसाद सिंह
    जन्म तिथि : 9-1-19311
    जन्म स्थान : बिदना, जि. सोवान ।
    लोक रागिनो के नया धरतो देववाला कवि । फुटकर रचना पत्र पत्रिकन में प्रकाशित । (1) डॉ. जितेन्द्र बहादुर, जन्म-तिथि-5-1-1964 जन्म स्थान, रतनपुरा, छपरा । उदीयमान कवि । कविता के नया जमीन के तलाश म लागल ।
  18. डॉ. जौहर शफियावादी
    जन्म स्थान : खानकाह आलिया एभाभिया शफियाबाद शरीफ, जि० गोपालगंज ।
    भाजपुरो, उर्दू आ हिन्दी के जानल मानल कवि । भोजपुरी गजल के सवारं खातिर चर्चित । ‘धरोहर’ भोजपुरी गजल संग्रह प्रकाशित ।
  19. डॉ. तैय्यब हुसैन पीडित
    जन्म तिथि: 16-4-1945
    जन्म स्थान: मोर्जापुर (सारण)
    चर्चित कहानीकार, कवि आ आलोचक । बिछउतिया (भोजपुरी कहानी संग्रह) प्रकाशित । भोजपुरी कहानी के नया शिल्प आ कथ्य खातिर चर्चित । जनवादी लेखन से जुडाव । ‘डेग’ जनवादो पत्रिका के संपादन । ‘ड्मरी कतेक दूर’ निबंध संग्रह के संपादन । विश्व भोजपुरी पत्रिका के संपादक मंडल में । अनेको पुरस्कार सम्मान से सम्मानित ।
  20. दिवाकर उपाध्याया ‘रामगढी’ 
    जन्म तिथि : 1-1-1972,
    जन्म स्थान : रामगढ़, जि०-सोवान ।
    भोजपुरी कविता के नया हस्ताक्षर । कविता में जिनगी के मान खोज में लागल ।
  21. धर्मनाथ राय (डी० एन० राय)
    जन्म तिथि :  2-1-1930,
    जन्म स्थान : पिण्डरा, (सारण)
    विभिन्न पत्रिकन के संपादन । भाजपुरी के रचना विभिन पत्र-पत्रिका में प्रकाशित । जिनगी के सांच से जोड़ के कोशिश में लागल कविता के रचना ।
  22. डॉ. प्रेमा पाण्डेय
    जन्म स्थान : मुजफ्फरपुर ।
    हिन्दी-भोजपुरी में मुक्त छंद के कविता लिख के आपन पहचान बनावेवाली कवयित्रो । छिटपुट रचना पत्र-पत्रिकन पं प्रकाशित ।
  23. बासुदेव प्रसाद
    जन्म तिथि : 10-3-1942
    जन्म स्थान, रतनपुरा, छपरा ।
    हिन्दी, भोजपुरी में कविता कहानी आ निबंधलेखन । अध्यात्मिक रूझान भइला से कविता में अध्यात्म के झलक । विभिन्न भोजपुरी संस्था के पदाधिकारी आ सक्रिय सदस्य । अखिल भारतीय भोजपुरी भापा सम्मेलन, सारण जिला इकाई के प्रधान सचिव । एह संग्रह के प्रबंध-संपादक।
  24. बैदेहीशरण बनियापुरी
    जन्म तिथि : 1928 ई० ।
    जन्म स्थान : बनियापुर (सारण)
    भोजपुरी के जानल मानल कवि, नाटककार आ कहानीकार । कविता में लोक-जीवन के चित्र उरेह में सफल । पिरितिया के खेल भोजपुरी फिल्म में दूगो गीत लिख के चर्चित । लघु उपन्यास ‘बेदमिया’ आ ‘सिपहिया’ नाटक के प्रकाशन से पहचान बनावेवाला । आठर एक दर्जन ले किताब प्रकाशित ।
  25. बृजकिशोर सिंह, उर्फ कविजी
    जन्म तिथि: 18-8-1947
    जन्म स्थान: भगवानपुर हाट
    हास्य व्यंग के सफल कवि निबंध, कहानी आ नाटक लेखन का दिशा में प्रयत्नशील ।
  26. साहित्यमनीषी भगवान सिंह भास्कर
    जन्म तिथि : 20-10-1949 ।
    जन्म स्थान : श्रोस्तापुर, जि. सोवान ।
    कवि, कहानोकार आ निबंधकार । लोक साहित्य आ यात्रा साहित्य के नया राह बनावे खातिर चर्चित । भोजपुरी अकादमो से साहित्य सेवा सम्मान । ढेर कुल्हो सम्मान आ पुरस्कार से सम्मानित । ‘बयार’ पत्रिका के संपादन । आ ढेर पत्र पत्रिकन में संपादन सहयोग । भोजपुरी के स्मिता चितन के संपादन । प्रकाशित किताब-भागवत गीता (निबंध संग्रह), भोजपुरी के विवाह गीत. मंगल गौत, मागलिक झूमर । सोनहुला सफर । इनका पर अभिनदन ग्रंथ प्रकाशित ।
  27. मूगालाल शास्त्री
    जन्म तिथि : 15-1-1955
    जन्म स्थान पिरौटी
    भोजपुरी में कविता आ नाटक के रचना । समाज के विकृतियन के दर्पण बा उनकर लिखल नाटक ‘माई के ममता’ । रचना पत्रिकन में प्रकाशित ।
  28. रमाकान्त मुकुल
    जन्म तिथि : 12-5-1930
    जन्म स्थान : पूर्वो दहियांवा, छपरा ।
    हिन्दी आ भोजपुरी के ख्यातिलब्ध कवि आ कहानीकार । अनेक रचनन के प्रकाशन विभिन्न पत्र पत्रिकन में । भोजपुरोके संस्थन से जुड़ के साहित्य आ भाया के विकास में सक्रिय सहयोग ।
  29. रवीन्द्र त्रिपाठी
    जन्म तिथि : 5-11-1963
    जन्म स्थान : बडकी धौरी, सारण ।
    भोजपुरी के विविध विधा में रचना । पत्र पत्रिकन में रचना प्रकाशित होत रहेला । भोजपुरी विकाखातिर संघर्षशील । महेन्द्र मिश्र के व्यक्तित्व, कृतित्व, पर शोध कार्य में लागल ।
  30. रामज्ञा सिंह ‘विकल’
    जन्म तिथि : 1947 ई०
    जन्म स्थान : फुलसकरा (मुजफ्फरपुर)
    पिता के जनम धरती अरदेवा (सारण) कविता आ कहानी लेखन । ‘कहिया ले बहुरो बिहान’ आ ‘बलिदानो के मोल’ किताब प्रकाशित भइल जवना के चर्चा आ स्वागत भोजपुरी जगत में भइल । साहित्य संस्कृति से जुड़ाव ।
  31. राधा मोहन चौबे ‘अंजन’
    नया बिम्ब आ नया भाव बोध खातिर जानल जायेवाला गीतकार ।
  32. राजनारायण सिंह, ‘राजीव’
    जन्म तिथि : 1985 ई० ।
    जन्म स्थान-सेमरी (सारण)
    लोकरागिनी के नया बिम्ब सं सजावे संवार खातिर जानल जायेवाला । भोजपुरी संस्थन से जुड़ के भोजपुरी भाषा, साहित्य आ संस्कृति के विकास में लागल ।
  33. प्रो. राजगृह सिंह
    जन्म तिथि : 17-2-1942
    जन्म स्थान-टेघरा (माँझी सारण)
    हिन्दी, भाजपुरी के कवि, निबंधकार । समय-समय पर रचना प्रकाशित । भोजपुरी आन्दोलन में सक्रिय ।
  34. राज कुमार सिंह कुमार विष्णुपुरी
    जन्म तिथि : 4-1-1953
    जन्म स्थान : विष्णुपुरा
    भोजपुरी आ हिन्दी के कवि, कहानीकार । विभिन्न पत्र पत्रिकन में नियमित रचनन के प्रकाशन भोजपुरी के साहित्यिक सस्थन के सक्रिय सदस्य।
  35. रिपुंजय निशान्त
    जन्म तिथि : 4-3-1950
    जन्म स्थान : देवरिया, जि०-सीवान ।
    हिन्दी भोजपुरी के ख्यातिलय गीतकार । काव्य संकलन ‘एक पर एक’ के साझा कवि । विभिन पत्र पत्रिकन में नियमित प्रकाशन । गोत में नया शिल्प आ विम्ब खातिर चर्चित । साहित्यिक संस्थन से जुड़ के भाजपुरी विकास में सक्रिय भागीदारी ।
  36. ललन पाण्डेय
    जन्म तिथि : 21-2-1939
    जन्म स्थान : बरबी, तिनसुकथा (आसाम), पूर्व स्थान-नसीरा (सारण)
    कवि आ पत्रकार । मुख्य रूप से विभिन्न पत्रिकन में कविता प्रकाशित ।
  37. ललित नारायण मिश्र
    जन्म तिथि : 1-7-1930
    अध्यात्मिक जोवन भइला के कारण भक्तिपरक रचना । ‘बजरंगवाण’ पुस्तक प्रकाशित ।
  38. वकील दीक्षित
    जन्म तिथि : 4-1-1955
    जन्म स्थान : धनाव, चनियापुर (सारण)
    लोकरागिनी के नया कलेवर दे के. सामाजिक आ राजनीतिक सच्चाई उजागर करेवाला कवि । ‘फुलाई कचनार’ काव्य संग्रह प्रकाशित ।
  39. डॉ० वीरेन्द्र नारायण पाण्डेय
    जन्म स्थान : भगवान बाजार, छपरा
    हिन्दी आ भोजपुरी के ख्यातिलय कहानीकार, कवि । मुक्त छंद के कविता खातिर चर्चित । ‘दरवा’ कहानी संग्रह प्रकाशित । आगे-आगे के साझा कवि । ‘चाक’ (निछक्का कहानी के पत्रिका) के संपादक । ‘झंकार’ ‘भोजपुरी जनपद’क मह संपादक । विभिन भोजपुरी संस्थन के पदाधिकारी आ भोजपुरी आन्दोलन से जुड़ल ।
  40. वीरेन्द्र कुमार मिश्र ‘अभय’
    जन्म तिथि : सवत 2006
    जन्म स्थान : ससना (सारण)
    भोजपुरी के हास्य व्या विता खातिर चर्चित । सामाजिक आ राजनीतिक विपता के पारदर्शी चित्र उरहे में सफल । ‘लहोक’ काव्य संकलन काशित । पत्रिका के संपादन । भोजपुरी भारतो आ अन्य साहित्यिक संस्थन में जुड़ के भोजपुरी के मान खातिर सघशाल
  41. वैद्यनाथ विभाकर
    जन्म तिथि : 1-2-1955
    जन्म स्थान : भटवलिया (सारण) हिन्दी आ भोजपुरी के सफल का। ा निबंधकार । भोजपुरी भारतो पत्रिका के कुशल संपादन । विभिन्न सस्थन के संस्थापक सदस्य ।
  42. व्यास मिश्र
    जन्म तिथि : 2-1-1943
    हिन्दी आ भोजपुरी के सफल कवि आ निबंधकार । ‘एक पर एक’ के साझा कवि । नया विम्ब आ प्रतीक के माध्यम से साँच उजागर कर खातिर चर्चित । भोजपुरी के संस्थन से जुड़ के भाजपुरी आन्दोलन के आगे बढ़ावे में लागल ।
  43. मं शहाबुद्दीन अंसारी “अज्ञानी’
    जन्मतिथि : 28-2-1945
    जन्म स्थान : साख रामदास, जि, गोपालगंज ।
    लोकधुन में जिनगी के सच्चाई व्यक्त करें में सफल कवि । विभिनन संस्थन से जुड़ल ।
  44. सुभाषचन्द्र यादव
    जन्म तिथि : 7-1-1955
    जन्म स्थान : धनौती, भाटपार रानी देवरिया ।
    भोजपुरी के कवि कहानीकार । तीखा व्यंग खातिर चर्चित । पत्र पत्रिका में रचना प्रकाशित ।
  45. डॉ. सरेश कुमार मिश्र
    जन्म स्थान : संवरी बाजार, सारण ।
    हिन्दी आ भोजपुरी के कवि, कहानीकार आ निबंधकार । पत्र पत्रिका में नियमित रचना प्रकाशित ।
  46. सुरेश कुमार चौबे
    जन्म तिथि : 14-1-1958
    हिन्दी आ भोजपुरी के मधुर गीतकार । मंच के सफल कवि । साहित्यिक संस्थन से जुड़ कं भाषा आ साहित्य के विकास में योगदान ।
  47. सूर्यदेव पाठक ‘पराग’
    जन्मतिथि : 23-7-1943
    जन्म स्थान : बगौरा, जि सीवान ।
    हिन्दी आ भोजपुरी के लव्यप्रति कवि, कहानीकार, उपन्यासकार, नाटककार आ निबंधकार । होरो चरित्र मानस, (काव्य संग्रह), अछूत (उपन्यास), जंजीर (नाटक) प्रश्नचिन्ह (कहानी संग्रह) प्रकाशित । पत्र पत्रिकन के संपादक । ढ़ेर कुल्ही सम्मान आ पुरस्कार से सम्मानित ।
  48. श्रीनाथ आशावादी
    जन्म तिथि : 1948 ई० ।
    जन्म स्थान : कोहड़ा बाजार (सारण) हिन्दी भोजपुरी में काव्य रचना । पुरस्कार आ सम्मान प्राप्त ।
    पत्रिकन के संपादन ।
  49. प्रो० हरिकिशोर पाण्डेय
    जन्म तिथि : 19-1-1936
    जन्म स्थान : छपरा ।
    हिन्दी अंग्रेजो आ भोजपुरी में कविता, निबंध आ आलोचना लेखन । ललित निबंध के दिशा देवे खातिर चर्चित । नया शिल्प, विव आ प्रतीक से भोजपुरी कविता के ंचाई देवेवाला ।
    भोजपुरी आलोचना के मानक स्थापित कर आ दिशा देव खातिर आलोचना के पत्रिका ‘कसौटो’ के संपादन । विभिन पत्र पत्रिकन के संपादन सहयोग । भोजपुरी विकाखातिर छटपटाहट

ध्यान दीं : इ भोजपुरी कवि सब के परिचय भोजपुरी किताब डेग पर डेग ले लिआइल बा।

भोजपुरी के कुछ उपयोगी वीडियो जरूर देखीं

जोगीरा डॉट कॉम पऽ भोजपुरी पाठक सब खातिर उपलब्ध सामग्री

ध्यान दीं: भोजपुरी न्यूज़ ( Bhojpuri news ), भोजपुरी कथा कहानी, कविता आ साहित्य पढ़े  जोगीरा के फेसबुक पेज के लाइक करीं।

आपन राय जरूर दीं