प्रिंस रितुराज दुबे जी के लिखल भोजपुरी कविता मोदी आईनी काशी

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

मोदी आईनी काशी
हई उहा कS भारत बासी
भारत के मिलता पहचान अब
कशी बनता भारत के शान अब

कशी करे निहोरा अब
भोजपुरी के सम्मान करS पूरा
देश बिदेश में डंका बाजल
पूरा हिन्द के शोर गुजल

अबले कशी धम्म के नगरी
मोदी कईनी आपन करम के नगरी
कशी से बाटे मोदी के नाता
मोदी भईनी भारत के भाग्यबिधाता

झारखण्ड/यूपी/बिहार बाट जोहता, कशी हS राजधानी
भोजपुरी कS 8 वी अनुसूची में सामिल करी
इहे कहता सगरे भारत बासी
भोजपुरी के होखे पढाई
कबसे रटता जग समुदाई

हिन्दू/मुस्लिम/सिख/ईसाई कशी कS माने सभे भाई
गंगा मईया के होला पुजाई
दईबो कS लउके अद्भुत गंगा आरती भाई
आ धोये पाप आपन जग समुदाई

आपन आपन में बाटे सभे भूलाईल
मईल होतारी आपन गंगा माई
तनिको करS बिचार भाई
फर्छिन करS आपन गंगा माई

जग रहे सनातन में समाईल
भोरपरल सगरे कार आ संस्कृति भाई |
भारत में होता अज्ञान सप्लाई
आतंगवादी के कहल जाता शहीद भाई |

मोदी से बाटे आश,कशी के बा हाथ
पापीयन कS होखे बिनाश |

कश्मीर हS भारत के मुकुट
कशी करे पुकार, ख़तम करी 370 के
तबे होई आतंगवाद पS कुछु सुधार

कशिये ना मय भारत कS सुनी गोहार

आपन राय जरूर दीं