जोगीरा डॉट कॉम : हमनी के बारें में

परनाम ! स्वागत बा राउर जोगीरा डॉट कॉम प।
टीम जोगीरा आपन भोजपुरी पाठक सब के ई वेबसाइट उपहार स्वरुप भेंट कर रहल बा। हमनी के इ कोशिश बा कि आपन पाठक सब के ढेर से ढेर भोजपुरी में सामग्री उपलब्ध करावल जाव।

जोगीरा डॉट कॉम भोजपुरी के ऑनलाइन सबसे मजबूत ठेहा में से एगो ठेहा बा, एह पऽ रउवा लोगन के भोजपुरी सिनेमा के टटका ख़बर, भोजपुरी कथा कहानी, भोजपुरी किताब, भोजपुरी साहित्य आ भोजपुरी से जुड़ल तमाम समग्री उपलब्ध बा।

जोगीरा डॉट कॉम के लक्ष्य

जोगीरा डॉट कॉम के लक्ष्य बा कि इण्टरनेट प भोजपुरी भाषा के ज्यादा से ज्यादा प्रचार-प्रसार कइल जाव, जवना से भोजपरी पाठकन के भोजपुरी मे यथोचित सामग्री उपलब्ध होखे, भोजपुरी रचनाकार सब आपन विचार के अधिक से अधिक पाठकन तक पहुँचा सकस आ इंटरनेट के दुनिया में भोजपुरी के ओकर समुचीत स्थान प्राप्त होखे।

जोगीरा डॉट कॉम के लगातार कोशिश कर रहल बा कि भोजपुरी के गौरवशाली अतीत के फेर से परिभाषित कइल जाव, भोजपुरी के छवि के आपन देस के साथे-साथे देस बिदेश में भी पुनर्जीवित कईल जाव। ई काम में रउरा सब के सहयोग के साथ जरुरी बा, एह से रउरा सभे से निहोरा बा की “जोगीरा डॉट कॉम” से जुड़ी आ आपन भासा भोजपुरी के आगे बढ़ावे में टीम जोगीरा के मदद करीं।

केवनो समाज के बिकाखातिर कवि, लेखक आ रचनाकार सब के बहुत बड़ जोगदान रहेला जे कि समाज के आईना देखावे के काम करेला। भोजपुरी समाज आ भाषा के बिकाखातिर इंहा लोगन के जोगदान आ सहयोग के बड़ा जरुरत बा।

निहोरा: रउवो आपन सहयोग दीं

रउवा लगे भोजपुरी में लिखल किताब, कविता, कथा-कहानी, लेख, नाटक, गीत, गज़ल भा भोजपुरी साहित्य के कवनो बिधा होखे त टीम जोगीरा के भेज दीं, हमनी के बहुत खुशी होइ की हमनी के रउवा रचना के जोगीरा डॉट कॉम प डाले के मौका मिलल।

जोगीरा डॉट कॉम : हमनी के बारें में

भोजपुरी के कुछ उपयोगी वीडियो जरूर देखीं

जोगीरा डॉट कॉम पऽ भोजपुरी पाठक सब खातिर उपलब्ध सामग्री

ध्यान दीं: भोजपुरी फिल्म न्यूज़ ( Bhojpuri Film News ), भोजपुरी कथा कहानी, कविता आ साहित्य पढ़े  जोगीरा के फेसबुक पेज के लाइक करीं।