आधुनिक भोजपुरी व्याकरण

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

ई आधुनिक भोजपुरी व्याकरण छात्र लोग के ध्यान में राख के लिखाइल बा। आज बिहार में छुउवा से लेके स्नातकोत्तर स्तर ले भोजपुरी के पढाई हो रहल बा।

हमनी बिहार सरकार के भोजपुरी पाठ्यक्रम निर्माण समिति में रहनी। हमनी के भुझाइल जे छात्रन खातिर एगो अलगे व्याकरण के जरुरत बा। पाठ्यक्रम बनावे के क्रम में ऐह व्याकरण के बहुते हिस्सा लिखाइल बा।

>> भोजपुरी के आउरी किताब पढ़े खातिर क्लिक करीं

अब पाठ्यक्रम में प्रयोजनमूलक भाषा पढ़े के बा। हमनी के विचार रहे जे ऐह में प्रयोजनमूलक भोजपुरी से सम्बंधित सामग्री भी दिहल जाव। सामग्री भी तैयार हो गईल बाकिर बाद में अइसन करे के विचार छोड़ दियाइल। असल में अइसे कइला से ई किताब बहुते मोटा हो जाइत। अब अलग से प्रयोजनमूलक भोजपुरी आ भोजपुरी रचना के किताब निकलल जाई।
राँची विश्वविधालय (झारखण्ड ) के सेवानिवृत प्रोफेसर बालेन्दुशेखर तिवारी आ लीडेन विश्वविधालय (नीदरलैंड) के हिंदी विभागाध्यक्ष प्रोο अभिषेक अवतंस के हमनी आभारी बानी, जे अपना कीमती समय में से कुछ समय निकल के हमनी के मार्गदर्शन कइल।

आधुनिक भोजपुरी व्याकरण डाउनलोड करे के खातिर क्लिक करीं

आपन राय जरूर दीं