शशि रंजन मिसिर जी के लिखल अक्षय नवमी के कथा

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

अरे महाराज दम धरीं… कथवा त कहबे करब…

बाकी बिना पान सोपाड़ी आ दक्षिणा लेले इ मिसिर बाबा के पोथी के पन्ना ना पलटाई ।

कम से कम ग्यारह रोपेया इ पोथिया पे चढ़ाईं त हमहूँ आगे बढीं ।

का कहत बानी… पान आ सोपाड़ी नईखे… अरे भेजीं इ महँगुआ के … रामचनर पटेहरी के दोकान कवन कोस भ पे बा, भाग के जाई आ दउर के आई ।
तब ले कथा के भाव सुनी.. मेन कथवा हम बाद में कहेंगे…

ए बाबू साहेब जानत बानी, सभे बरत-त्यौहार एक के पीछे एक… आ सब एक दोसरा पे डिपेंडेंट ।

अरे चिहात काहे बानी ! डिपेंडेंट ना बुझनी ह की हमार बतिया ना बुझाइल ह ?
अच्छा-अच्छा , त अंग्रेजी बुझिला !!!

हँ, त कहत रहीं… सभे बरत एक दोसरा पे निर्भर बा ।
सोहराई बितल त गोधन आइल… दिवाली के बांचल लड्डू मिठाई एह गोधन में निपटारा हो गइल… त हमार कहलका ठीक बा की ना?
फेर आइल छठ…

आरे हँ … रउआ घरे त भइल रहल हा… ठेकुआ आ कचवनिया त बनले होखी । काहे ना दू-चार ठेकुआ कचवनिया सीधा खातिर बान्ह लेनी ह …
लीं हई मंगरूओ आ गइल… पान सोपाड़ी साथे ।

त कहत रहीं छठ के बाद इ अक्षय नवमी के अयिला के ।

कथा शुरू करत बानी… इ लीं हाथ में फूल ,पान, सोपाड़ी… कुछ दरबो दक्छिना निकाल लीं ।

आँख तोपिके ध्यान करीं ….
ओम बिसनु.. बिसनु बिसनु…. अमुक गावें , अमुक नावें, अमुक गोतर अमुक पितर… पधारीं । एह आंवरा के फेड के नीचे हमरा संगे अक्षय नवमी बाबा के कथा सुनी ।
हाथ के सभे चीज नीचे राखीं… आ हाथ जोड़ीं ।
परेम से बोलीं – बिसनु भगवान की जय ।

त कथा बा-
“एकदा नैमिशारण्ये……. प्रणमामि शम्भो।।”
ना बुझाइल त भोजपुरी में अरथ सुनीं-
एक बेर … निमिषा के जंगल में इकट्ठा भइल

अरे ! घुमे फिरे… आ आपन पोसुआ सवरीयन के जंगल के हवा खियावे । इनर महाराज के हाथी सरग में बयिठल बयिठल पगलात रहे… भोला बाबा के बैल के हरियरी चाहत रहे… त मय देवता जंगल ओरे चलले… कि चल ए मन, ढेर भयिल रम्भा-मेनका सुनरी लोग के नाच… सरग में खा- पिअ आ दिनभर बईठ के नाच देखला से देह के दुर्दशा भइल जात बा… गणेश बाबा के कोलेस्ट्रोल बढ़ल बा… तोंद नईखे कम होत… जंगल के हरियरी के हवा लागी त मन-मिजाज हरियर हो जाई ।
अब जंगल में डेरा डलाइल आ बयिठकी लागल त एक जाना ब्रह्मा बाबा से कहले-

“की ए बाबा, सोहराई बित गइल… लक्ष्मी जी के पूजा मिलल… गणेश बाबा के लड्डू भेंटायिल… अभि ले पाचल नईखे… डेकार मारत बाड़े… गोधनो कुटायिल, आ छठो बीत गइल… माने एह साल के कोटा पूरा हो गइल… अब हमनी के कवन पूजा भेंटाई जवना से हमनी के जाड़ा कटो …
ब्रह्मा जी कहले-

अरे जाड़ा में नाक ना बहे आ देह में कैल्सियम के कमी ना होखे एह से आंवरा खाए के चाहीं । एह से अईसन बरत बतावत बानी, जवना से हमनी के जाड़ा में पूजा चढ़ी आ हमनी के जाड़ा कटी ।

एक बेर लक्ष्मी जी घुमे निकलली… हँ, उहे दिवाली के बाद…
सोचली की हमार पूजा त हो गइल, बाकी हमार मरद के पूजा त भयिबे ना कइल … आ एने गउरा बहिनो के पूजा भइल बाकी भोला बाबा छूंछे रह गईले ।

हे मन… का करीं !!! हमहीं पूजा कर देत बानी । बाकी भोला बाबा के हम पूजा करीं आ गउरा बहिन खिसिया जास त बड़ फेरा बा ।

ध्यान लगयिली … त आंवला के फल लउकल.. कहली की इ धात्री फल में त तुलसी आ बेल दुनो के गुण बा । एकरे के पूजा करब त दुनो जाना के पूजा हो जाई आ गउरा बहिन खिसियइबो ना करिहें ।

त लक्ष्मी जी ओही आंवलवा के बिसनु आ शिव के प्रतिक बना के पूजा कर देली ।

दुनो जाना प्रसन्न भईले । आके कहले- ए लक्ष्मी, जईसे तू आज हमनी के पूजा कयिलू ओहसे तहरा अभी कमी ना होखेवाला पुन्य मिलल । एह पुन्य के क्षय ना होई ।
दुनो जाना आशीर्वाद दे घरे गइले ।

ब्रह्मा बाबा कहले – इहे पूजा इ पृथ्वी पे जे करी ओकरा ओइसहीं अक्षय पुन्य मिली ।
लीं ये जजिमान इहे कथा त रहल ह …

बोलीं – बिसनु भगवान की जै …. भोले बैजनाथ की जै
अब निकालीं कुछो खाए पिए के.. एह आंवरा के फेड़ के निचे कुछ खा के हमहूँ पुन्न कमाँ लीं । आरे छठ के बांचल ठेकुआ- कचवनिए खियायीं । कहबे कईनी ह पहिलहीं कि इ नवमी, छठ पे डिपेंडेंट बा …

अच्छा त आंवरा के अचार लायिल बानी… दिहीं, सुखलो आंवरा के खाए के महातम बा ।
स्कन (द) पुराण में लिखल बा…

आरे ना सकरकन पुराण ना… स्कन्द पुराण के कातिक महातम में बा की जे सुखलो आंवरा खायी उ नारायण हो जाई –
‘धात्री फल विलिप्तातांगो धात्री फल विभूषित:। धात्री फल कृताहारो नरो नारायणो भवेत।।’

त एगो ठेकुआ आउर बढायीं… ब्राह्मण के मुख ब्रह्मा के होला.. नारायण त रहबे करेले… ढेर आशिर्बाद बा । अयिसहीं सालों साल ठेकुआ कचवनिया खियायीं ।
आबाद रहीं…

बोलीं बिसनु भगवान की जै…

अक्षय नवमी के कथा के लेखक: शशि रंजन मिसिर जी

भोजपुरी के कुछ उपयोगी वीडियो जरूर देखीं

जोगीरा डॉट कॉम पऽ भोजपुरी पाठक सब खातिर उपलब्ध सामग्री

ध्यान दीं: भोजपुरी न्यूज़ ( Bhojpuri news ), भोजपुरी कथा कहानी, कविता आ साहित्य पढ़े  जोगीरा के फेसबुक पेज के लाइक करीं।

आपन राय जरूर दीं