झूमिहन बुढ़वा जवान : बेल्सन भोजपुरिया

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

भोजपुरी में अब तक हमनी के बिरहा, चइता, कजरी, फगुवा आ निर्गुण सुने बानी जा, भोजपुरी संगीत के एगो बैंड बेल्सन भोजपुरिया लेके आइल बाड़े रैप उहो भोजपुरी में।

जरूरी बा की भोजपुरिया दर्शक अइसन प्रयास के सराहे, पसंद करे आ अइसन कलाकार सब के हिम्मत बढ़ावे, बेल्सन भोजपुरिया बैंड रउवा सब से निहोरा कर रहल बा अगर हमनी इ प्रयास रउवा सब के बढ़िया लागल त शेयर करी, लाइक करी आ जेतना हो सके ओतना आगे शेयर करी।

एघरी रैप के जवाना बा, उम्मीद बा कि भोजपुरी के इ साफ सुथरा रैप लोग के पसन पड़ी।

आपन पार्टी गान (बेल्सन भोजपुरिया)

चाही हक़ (प्रचितक महंत,अमिनकेत दुबे):

भोजपुरी रैप जवन भोजपुरी सिनेमा आ संगीत में अश्लीलता फैलावे वाला के प मुँह झापड़ बा

आपन पार्टी गान

देखा लागल बा ई गाना….. कहल हमर तू माना
ऐमे बाड़े भोजपुरिया तान….. ऐपे झूमिहन बुढ़वा जवान

देखा लागल बा ई गाना, कहल हमर तू माना
ऐमे बाड़े भोजपुरिया तान, ऐपे झूमिहन बुढ़वा जवान
ई बाजी सगरो जहाँन , चाहे क्लब हो या बर्धवान ||

डी जे बाजी रोड तक , न सुते देवल जी भोर तक
ध के केहू के अक्वारी ,झूमल जाइ बारी- बारी ||

|| ई ह आपन पार्टी गान- ई ह आपन पार्टी गान ||

जरतुहा दिहन गारी, आशिकान क बढ़ी बिमारी
पडोसी बर-बरहियन , फलाने ताकिहन चढ़ के छलदवारी||

नाचा सावन झोर के, उडा द परखचा
आज के ज़माने में, लजात नइखे बच्चा||

|| अरे हां,अरे हा भईया हा हा , ई ह आपन आपन आपन पार्टी गान ||

गाजा- बाजा समेटाई , चढले पे घाम
अउर बेल्सनवा क बढ़ावल जाई , गमछा दे सम्मान |

अरे हां,अरे हा भईया हा हा , ई ह आपन आपन आपन पार्टी गान
ई बाजी सगरो जहाँन ,चाहे क्लब हो या बर्धवान
ई ह आपन आपन आपन पार्टी गान|

 

रउवा :
भोजपुरी मुहावरा आउर कहाउत
देहाती गारी आ ओरहन
भोजपुरी शब्द के उल्टा अर्थ वाला शब्द
जानवर के नाम भोजपुरी में
भोजपुरी में चिरई चुरुंग के नाम

इहो पढ़ीं
भोजपुरी गीतों के प्रकार
भोजपुरी पर्यायवाची शब्द – भाग १
भोजपुरी पहेली | बुझउवल
भोजपुरी मुहावरा और अर्थ
अनेक शब्द खातिर एक शब्द : भाग १
लइकाई के खेल ओका – बोका
भोजपुरी व्याकरण : भाग १
सोहर

ध्यान दीं: भोजपुरी फिल्म न्यूज़ ( Bhojpuri Film News ), भोजपुरी कथा कहानी, कविता आ साहित्य पढ़े  जोगीरा के फेसबुक पेज के लाइक करीं।

आपन राय जरूर दीं