भोजपुरी सिनेमा अवार्ड समारोह

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

आज लखनऊ में भोजपुरी फिल्म एंड टी वी वेलफेयर असोसियन के ओर से होटल क्लार्क अवध में भोजपुरी सिनेमा अवार्ड समारोह के आयोजन अबकी बेर लखनऊ में करे के मंसा से एगो प्रेस वार्ता में असोसियन के अध्यक्ष विनोद गुप्ता आ मुख्य अतिथि उत्तर प्रदेश के पर्यटन मंत्री श्री ओम प्रकाश सिंह कहलन की १६ नवम्बर २०१३ के भोजपुरी के बढ़ावा देवे खातिर उत्तर प्रदेश के राजधानी लखनऊ में अवार्ड समारोह होखी। आज के प्रेस वार्ता में भोजपुरी के महानायक कुनाल सिंह, सुपर स्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ, अभिनेता सुरेन्द्र पाल, अभिनेत्री रानी चटर्जी, संभावना सेठ, सुपर विलेन अवधेश मिश्रा आ निर्माता अभय सिन्हा मौजूद रहे लोग। एह मौका पर मीडिया के संबोधित करत उत्तर प्रदेश के पर्यटन मंत्री श्री ओम प्रकाश सिंह कहलन कि सरकार भोजपुरी फिल्मन के बढ़ावा देवे खातिर ३० लाख रोपया फिलिम निर्माण ला देवे के तैयार बा, जे अपना फिलिम के शूटिंग उत्तर प्रदेश में करी। प्रेस वार्ता में भोजपुरी के महानायक कुनाल सिंह, मंत्री जी के बात पर कहलन कि जड़ी इहवाँ सरकार के सहजोग से फ़िलिम बनावे के मौका निर्मातन के मिली त प्रदेश के भी आर्थिक लाभ आ इस्थानी कलाकारन के काम भी मिली। प्रेस वार्ता के बाद उत्तर प्रदेश के पर्यटन मंत्री श्री ओम प्रकाश सिंह से भोजपुरी सिनेमा के उत्तर प्रदेश में बढ़ावा देवे के दिसाई भोजपुरी के महानायक श्री कुनाल सिंह से बातचीत करत रहलन त भोजपुरी संसार पत्रिका के समन्वय संपादक मनोज श्रीवास्तव मंत्री जी से उत्तर प्रदेश में भोजपुरी अकादमी बनावे के निहोरा कइलन।

मनोज श्रीवासत्व

आपन राय जरूर दीं