भोजपुरी फिलिम में परचलित गंदा गाना आ नाच के विरोध करे वाला धनंजय सिंह पर मोकदमा

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

राणा परमार अखिलेश, छपरा (सारण) | भोजपुरी फिलिम में वलगर गीत आ नाच पर कलम चलावे वाला कलमकार धनंजय सिंह पर मोकद, भोजपुरी फिलिम में परचलित गंदा गाना आ नाच के विरोध करे वाला धनंजय सिंह पर मोकदमा।

काऽ हो केस फउजदारी से भोजपुरिया नाहर डेराइल बा कबो? ‘देश विदेश में आपन मरदाही, कबिलई, मेहनत, पंड़िताई के पताका फहरावेवाला का कबो केस फउजदारी से डेराइल बा? फतेहशाही से लेके शहाबादी अस्सी बरिश के बबुआ बाबू कुँवर सिंह ,पील अली से लेके मजहरूलहक, राजेन्द्र बाबू तकले आपन लोहा मनवा दिहलन तऽ ई रानी चटर्जी के केस ना कवनो कलमकार कलम तुड़ दी आ न केहु शुरमा शमशीर आ संगीन । एह से भोजपुरिया धनंजय सिंह के साथे बा।’ ई बात भोजपुरिया समाज के छपरा जिला के मांजन ललन राय के हऽ।

धनन्जय सिंह
धनन्जय सिंह

ऑन लाइन वीडियो क्राॅन्फ्रेसिंग में राय जी कहन कि भोजपुरी गंदा गाना, दू अर्थी गीत अनर्थ आ अनरीति बा। भाई धनंजय जवन अभियान चला रहल बारन आऽ ई हीरोइन केस कइले बिआ ओकरा पर अतना कोस होई कि भूला जाई आपन इलिम । ललन राय कहलन कि उधो ठाकरे ई भूला जनि कि उनकर बुनियाद इहे भोजपुरी माटी हऽ। ठाणे पुलिस पर लगाम लगावस । मनोज तेवारी, पवन सिंह, खेसारी,रवि किशन, निरहुआ जस लोगन के इंम्तिहान बा, काहे दमी कछले बा लोग? भोजपुरिया समाज एह लोग के फिलिम भोजपुरी प्रदेशन ना चले दी आऽ एह लोगिन हुक्का पानी बंद होई ।

एह बतकही में जिला के पत्रकार राणा परमार अखिलेश कहलन ‘ काऽ बाघ देखले बाड़ऽ? ऐने तऽ नोहो लागल बा । अमन के बेबाकी पर तऽ कए कित्ता केश बा। जब पुलिस बदे सस्पेंसशन कवनो माने ना रखे तऽ पत्रकारो केस आपन केश बुझला । धनंजय के साथे समाज बा,पत्रकार संघ भले ना रहे ।

भोजपुरी फिलिम में परचलित गंदा गाना के जिम्मेदार भोजपुरिया समाज भी बा, ये तरह के गंदगी और गंदगी फइलावे वाला सन के अपना समाज के लोग बहिष्कार करो।

भोजपुरी फिलिम में जे भी कलाकाकामयाब होखे खातिर गंदा गाना आ नाच के सहारा लेता उ कलाकार नइखे ना ओकरा भोजपुरी से प्यार बा, इ भोजपुरी के नोच के खाये वाला गिद्ध हव सन। जिस्म के नुमाइस कइल कवनो कलाकारी ना आ हम ओकरा कलाकार ना मानेनी।

सभे भोजपुरिया समाज के ई पता होखे चाहीं कि महाराष्ट्र के ठाणे देहात थाना में रानी चटर्जी केस नंबर 0509 तारीख 06/07/2020 के दायर कर देहली भादवि के धारा 35 डी 66ए लगवले बा पुलिस । धनंजय सिंह के फोन बंद बा । हो सकत बा पुलिस तंग करत होई ।


भोजपुरी के कुछ उपयोगी वीडियो जरूर देखीं

जोगीरा डॉट कॉम पऽ भोजपुरी पाठक सब खातिर उपलब्ध सामग्री

ध्यान दीं: भोजपुरी न्यूज़ ( Bhojpuri news ), भोजपुरी कथा कहानी, कविता आ साहित्य पढ़े  जोगीरा के फेसबुक पेज के लाइक करीं।

आपन राय जरूर दीं