रविन्द्र कुमार सिन्हा जी के लिखल भोजपुरी गीत

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

परनाम ! स्वागत बा राउर जोगीरा डॉट कॉम प, आयीं पढ़ल जाव रविन्द्र कुमार सिन्हा जी के लिखल भोजपुरी गीत आधी आधी रतिया (Bhojpuri geet) , रउवा सब से निहोरा बा कि पढ़ला के बाद आपन राय जरूर दीं, अगर रउवा रविन्द्र कुमार सिन्हा जी के लिखल भोजपुरी गीत अच्छा लागल त शेयर आ लाइक जरूर करी।

आधी आधी रतिया, बोले रे कोयलिया
देहिया शिहरल मोर।
पतझर जयीशन लागे जियरा
होठवा सुखल मोर
पिया पिया बोले पयलिया
सरके चुनरिया मोर

रविन्द्र कुमार सिन्हा जी
रविन्द्र कुमार सिन्हा जी

कारी रे कजरवा घोरेला अखियां
बिन्दिया करे शोर
बिखरल केसीया कयीसे सँवारीहेंं,
आईल न पियवा मोर।
पिया पिया बोले पयलिया
सरके चुनरीया मोर।

गलिया से कहे कनबलिया
रूठल पियवा तोर
करवट फेरत कटल रतिया
अब तो हो गईल भोर,
पिया पिया बोले पयलिया
सरके चुनरीया मोर।

आपन राय जरूर दीं