समाज के कोढ़ डाइन-प्रथा पर एगो भोजपुरी गीत

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

कवने कसूरवा रामा भइले दुरगतिया मोरा
लोगवा डइनिया कहि के बोलावेला रे ना।।

एक तऽ बिपत पड़ल धियवा-भतार मरल
दोसरे कलंकवा मथवा मढ़ाएल रे ना।।

निकलीले घर से,लोगवा लइका लुकावे डर से
काटल-काटल बतिया हमके सुनावेला रे ना।।

केहू के हो कवनो बेमारी सबका जड़ में हमही बानी
इहे कहि के लोगवा हमके मारेला रे ना।।

रोजे-रोज के मार-गारी, गांव-घर में उतरल पानी
घोरि के मइलवा लोगवा पियावेला रे ना।।

आपन-बीरान के बा केहू नाहिं लुउके दादा
जिनगी में भइले सगरो अन्हार नू ना।।

बिधना ई परथा कइसन केइये चलवस अइसन
जियल भइल जीव के काल नू रे ना।।
———————————————————
—-डाॅ पवन कुमार

रउवा खातिर:
भोजपुरी मुहावरा आउर कहाउत
देहाती गारी आ ओरहन
भोजपुरी शब्द के उल्टा अर्थ वाला शब्द
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : पहिलका दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : दुसरका दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : तिसरका दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : चउथा दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : पांचवा दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : छठवा दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : सातवा दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : आठवाँ दिन

आपन राय जरूर दीं