भोजपुरी गीत पुरुवा बेयारवा हो राम आइल बा घर से

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

पुरुवा बेयारवा हो राम आइल बा घर से
मनवा हो उखरल लागे अब त शहर से
माई के आशिष लेले मेहरी के बाच बायन
मनवा कचोटत काहे कइनी पलायन
बहुत दूरी भइल अब अपना दर से
पुरुवा बेयारवा हो राम आइल बा घर से
मनवा हो उखरल लागे अब त शहर से
पेट पइसा अइसन बबुआ सब सुख लुटवनी
नाता रिश्ता नेवता पेठिया सब कुछ गववनी
अब मनवा सोचे काहे कट गइनी जर से
मनवा हो उखरल लागे अब त शहर से
पुरुवा बेयारवा हो राम आइल बा घर से
मनवा हो उखरल लागे अब त शहर से

राउर आपन
जलज कुमार अनुपम
बेतिया , बिहार
संपर्क सूत्र : +९१९९७१०७२०३२

आपन राय जरूर दीं