लाल बिहारी लाल जी के लिखल भोजपुरी गीत सांवरिया

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

स्त्री स्वर-
सांवरिया आ जइतs एक बार
अंखियाँ कब से राह निहारे, नैना तड़से हमार
सांवरिया आ जइतS एक बार….

पानी बिन मछरी के जइसे, तड़पी रोज पिया
तोहरे याद मे बेसुध होके, भटकी रोज पिया
दिने-दिन प्यास बढ़त बा ,लागेना जीया हमार
सांवरिया आ जइतS एक बार….

भूल भइल का हमसे राजा,आके दS तू बता
कवना बात केSऐ तू राजा, देत बारS सजा
प्रीत के रीत में दर–दर भटकी,सुन ल हमरो गुहार
सांवरिया आ जइतSएक बार….

आके पूरा जा लाल के लालसा कहेले लाल बिहारी
अब ना अइसे काम चलीS, बुझS तू हमरो लाचारी
तड़प-तड़प दिन रात बीतेला, कब होई मिलन हमार
सावरिया आ जइतS एक बार….

पुरुष स्वर-
तोहरे प्यार में तड़पी धनिया, मानवा बेS करार
बार-बार ई हे हम सोंची. कब होई मिलन हमार
ये धनिया आइब एहSऐतवार, ये धनिया आइब एहSऐतवार,
सांवरिया आ जइतS एक बार….सांंवरिया आ जइत एक बार

गीतकार- लाल बिहारी लाल

पढ़ीं:

आपन राय जरूर दीं