भोजपुरी मुहावरा और अर्थ : दुसरका भाग

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

जोगीरा डॉट कॉम के लगातार सार्थक कोशिश रही कि आपन गौरवशाली अतीत के फेर से परिभाषित कऽ के भोजपुरी के छवि के आपन देस के साथे-साथ दुनिया के बाकी हिस्सा में भी पुनर्जीवित कईल जाव। ई काम में रउरा सब के सहयोग के साथ जरुरी बा, एह से रउरा सभे से निहोरा बा की “जोगीरा डॉट कॉम” से जुड़ी आ आपन भासा भोजपुरी के आगे बढ़ावे में टीम जोगीरा के मदद करीं।

जोगीरा डॉट कॉम के ई सतत प्रयास बा की आपन भोजपुरी भाषा आगे बढ़े आ भोजपुरी के ऑनलाइन के माध्यम से ज्यादा से ज्यादा लोगन तक पहुचावल जाव, एह कड़ी के आगे बढ़ावत जोगीरा लेके आइल बा भोजपुरी मुहावरा, जहा प रउवा भोजपुरी मुहावरा के बारे में पढ़ेब और ओकरा बारे में जानेब ओकर अर्थ के साथ।

जरूर देखीं: भोजपुरी शब्दकोश : Bhojpuri Dictionary

आखिर ह का भोजपुरी मुहावरा
मुहावरा अपना भोजपुरी भाषा के एगो अभिन्न अंग ह, एकरा बिना भोजपुरी भाषा भा साहित्य पूरा नइखे होसकत। भोजपुरी भासा के बोल चाल में मुहावरा के प्रयोग खूब होला।

परिभाषा: अइसन वाक्यांश जवन आपन साधारण अर्थ छोड़ के कवनो विशेष मतलब आ अर्थ की ओर ले जाव भा व्यक्त करो ओकरा के मुहावरा कहल जाला।

हमरा कम उमेद बा की केहू भोजपुरी अपना गावं-घरे में बूढ़ पुरनिया से मुहबरा ना सुनले होइ, लेकिन अब भोजपुरी मुहावरा के उपयोग कम होखत जा ता।

जरूर पढ़ीं: भोजपुरी सीखे : Learn Bhojpuri

भोजपुरी मुहावरा और अर्थ – Bhojpuri Idioms with meaning

  1. अन्त ना पावल – असलियत का पता न लग पाना (इनकर अनत भगवानों ना पइहें )
  2. आपन राग अलापल – अपनी बात कहें जाना
  3. अन्नखाती – कम खाने वाला, खाने से टालमटोल करने वाला
  4. अन्हार घर के दीया – कुलभूषण, घर का चिराग, श्रेष्ठ संतान
  5. अन्हार होखल – कमजोरी, शक्तिक्षीणता
  6. अन्हार में काजर कइल – असंभव को सम्भव करना
  7. अमरख लागल – दु:ख लगना
  8. अलखराज – निफिक्र, मस्त
  9. आँख आइल – दृष्टि दोष, आँख में लाली व सूजन होना।
  10. आँख उठावल – खिलाफत करना
  11. आँख के किरकिरी – कष्टकारक, शत्रुता, जिसे देखकर कष्ट हो
  12. आँख के पानी गिरल – निर्लज्जता
  13. आँख तरेरल – क्रोध करना
  14. आँख ना ठहरल – विस्मय (कोई सुन्दर, अनुपम चीज देखने पर)
  15. आँख लगल – निद्रा आना
  16. आकास छानल – व्यर्थ का कार्य
  17. आकास में उड़ल – शेखी मारना, कल्पना में विचरण, अलभ्य के लिए परिश्रम, मनसूबा बांधना
  18. आकास में दिया बारल – निष्फल कार्य, व्यर्थ का
  19. आग लगा के तापल – दुष्टता में प्रसन्नता, विनाश करने में खुशी
  20. आग लगावल – झगड़ा लगाना
  21. आग बबूला होखल – क्रोधित होना
  22. आकास पताल एक कइल – जी तोड़ मेहनत करना
  23. आटा दाल के भाव मालूम होखल – कष्ट में यथार्थ का बोध
  24. आठे-काठे ना लागल – सहयोग न करना, समीप न आना
  25. आन पर कान कटावल – बात पर डटे रहना

आपन राय जरूर दीं