भोजपुरी के लाल – लाल बिहारी लाल सम्मानित

भोजपुरी के लाल - लाल बिहारी लाल सम्मानित
भोजपुरी के लाल - लाल बिहारी लाल सम्मानित

युवा उत्कर्ष साहित्यिक मंच के द्वारा मासिक गोष्ठी के आयोजन रेलवे ऑफिसर्स क्लब ,पी. के. रोड़ नई दिल्ली में भइल। एह काव्य गोष्ठी के
अध्यक्षता वरिष्ठ साहित्यकार श्रीमती लता यादव जी कइनी। विशिष्ट अतिथियों में “नवांकुर साहित्य सभा ”के अध्यक्ष श्री अशोक कश्यप ,”हमारा मेट्रो” के साहित्य सम्पादक श्री लाल बिहारी लाल, गीतकार सुश्री मीरा शलभ ,ग़ज़लकार प्रो.रमेश सिद्धार्थ,श्याम नंदा नूर .आ ट्रू मीडिया की उपसम्पादक ड़ॉ. पुष्पा जोशी जी की गरिमामयी उपस्थिति में आयोजित कइल गइल।

युवा उत्कर्ष साहित्यिक मंच के अध्यक्ष रामकिशोर उपाध्याय आ संरक्षक रमेश सिद्धार्थ सुश्री मीरा शलभ एवं श्याम नंदा नूर द्वारा डा देवनारायण शर्मा को शाल आ श्रीमदभागवत गीता आउरी ‘उत्कर्ष काव्य -सग्रह’ के एक प्रति सम्मान में भेट कइल गइल। डॉ. शर्मा के उनकर साहित्यिक गतिविधियों खातिर मंच द्वारा “साहित्य भूषण सम्मान” से भी कुछ दिन पहिले नवाजल गइल रहे। एह सुअवसर पर कवि,लेखक पत्रकार आ समाजसेवी लाल बिहारी लाल के उनकर भोजपुरी कविता ‘क्रांति’ बी.आर .अंबेडकर बिहार विश्वविद्यालय के स्नातक आ नालंदा ओपेन विश्वविद्यालय के स्नातकोतर पाठ्यक्रमों में शामिल भइला पर मंच के अध्यक्ष रामकिशोर उपाध्याय एवं बरिष्ठ साहित्यकार नंदा नूर द्वारा अंग वस्त्र आ पुस्तक से सम्मानित कइल गउल|

एह आयोजन में राष्ट्रीय राजधानी क्षेत्र दिल्ली आ एन.सी.आर. के लगभग तीन दर्ज़न से अधिक कवि /कवयित्रि आपन आपन काविता पाठ से भावों के नदी परवाहित कइनी जे मे मंच के कोषाध्यक्ष श्री सुरेशपाल वर्मा, श्याम नंदा नूर,अजय अज्ञात, अकेला इलाहबादी, मंजू वशिष्ठ, मनोज काम देव शर्मा, अंजुम जाफरी (पत्रकार रफ़्तार टाईम्स)शायर असलम जावेद, ओम प्रकाश शुक्ला, डा.पुष्पा जोशी, सुश्री सविता सौरभ, सुश्री मीरा शलभ, संजय कुमार गिरि (कवि एवं पत्रकार )लाल बिहारी लाल (साहित्यिक संपादक हमारा मैट्रो )शायर अली खान,श्यामल सिन्हा, श्यामा अरोरा, वसुधा कनुप्रिया, विवेक आस्तिक, अशोक सपरा आदि प्रमुख रुप से रही। मंच के सफल संचालन श्वेताभ पाठक जी आपन लाजबाब अंदाज़ में कइनी और कार्यक्रम के कुशल संयोजन ओम प्रकाश शुक्ल जी के रहे।

2 COMMENTS

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

3 + eighteen =