भोजपुरी के पानी : संगीत सुभाष

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

परनाम ! स्वागत बा राउर जोगीरा डॉट कॉम प, आई पढ़ल जाव संगीत सुभाष जी के लिखल भोजपुरी के पानी, रउवा सब से निहोरा बा कि पढ़ला के बाद आपन राय जरूर दीं, अगर रउवा संगीत सुभाष जी के लिखल  रचना अच्छा लागल त शेयर आ लाइक जरूर करी।

बजड़ा से बचपन उपजाईं, जौ से जोश जवानी।
माँटी से माँटी के कविता, भोजपुरी के पानी।
हम्मर नइखे कवनो सानी,
रउरा मानीं भा ना मानीं।

गेहूँ के गदराइल बाली गावे गीत गुमान के।
सरसो के बुकवा लागल तन तूरे कठिन पखान के।
धान धँउस ना सहलसि, दिहलसि कबहूँ कवनो भाँति के,
रहर रहनिरखवार ठाढ़ करि ँचा पगड़ी शान से।
मकई माथे टीका कइलसि छाती भइल उतानी।

मटर टरे ना देत बचन के कबहूँ कवनो काल में।
चन्नन माथे चमचम चमके चना बेंचि हर साल में।
गावे गीत गरब से गोंएड़ हाथ मिला के चँवर से,
सतुआ, भूजा, लिट्टी से बल आवे भुजा विशाल में।
उपजे उमगि उमंग कियारिन, हरख खेत खरिहानी।

जलन पिसाला रोज जाँत में, ओखरि कटुता डारि के।
कूचल जाला रोजे रोजे हनि हनि मूसर मारि के।
गन्ना गरब मिटावे सहजे रस आपन सब बाँटि के,
नेह छोह के मड़ई गहगह इरिखा द्वेष बिसारि के।
दुअरा देव बिराजे, अङना में तुलसी महरानी।

टुनटुन घंटी बरधा गरवा धुन गावेला प्रीत के।
कूदत फानत बिटवा आवे चिक्का कुश्ती जीत के।
जेठ दुपहरी पीपर छइयाँ, माघे कउड़ा बारि के,
जुटे पड़ोसी बतिआवे सब दुखम सुखम ‘संगीत’ के
धुँआ बनेला उड़ि के भागे बिपति, बिकार, हरानी।

भोजपुरी के कुछ उपयोगी वीडियो जरूर देखीं

जोगीरा डॉट कॉम पऽ भोजपुरी पाठक सब खातिर उपलब्ध सामग्री

ध्यान दीं: भोजपुरी फिल्म न्यूज़ ( Bhojpuri Film News ), भोजपुरी कथा कहानी, कविता आ साहित्य पढ़े  जोगीरा के फेसबुक पेज के लाइक करीं।

आपन राय जरूर दीं