भोजपुरी आजादी गीत

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

हाथवा के झंडा लिहले वीरवा बा खाड़ हे।।
खोलबू त भारत अपनी दुलार हे ।।
हाथवा तिरंगा लिहले वीरवा बा खाड़ हे।

खोलबू तू भारत मइया बजर केवाड़ हे ।।
लहरत तिरंगा बाटे रोअत जार बेजार हे ।
वीर सुबाष जी नइखन, रउरी दुआर हे ।। हाथवा के झंडा

लहरत तिरंगा बाटे, रोअत जार बेजार हे।
वीर चंद्रशेखर नइखन, रउरी दुआर हे।। हाथवा के झंडा

लहरत तिरंगा बाटे, रोअत जार बेजार हे।
वीर कुंवर सिंह नइखन, रउरी दुआर हे।। हाथवा के झंडा

लहरत तिरंगा बाटे, कहे बारम्बार हे।।
वीर भगत सिंह नइखन, रउरी दुआर हे।। हाथवा के झंडा

हाथवा के झंडा बा कहे बारम्बार हे
झाँसी वाली रानी नइखी, रउरी दुआर हे।। हाथवा के झंडा

लहरत तिरंगा बाटे रोअत जार बेजार हे।
खोलबू तू भारत मइया बजर केवाड़ हे ।। हाथवा के झंडा

लहरत तिरंगा बाटे रोअत जार बेजार हे ।
खोलबू तू भारत मइया बजर केवाड़ हे।
हाथवा तिरंगा लिहले विनती हमार हे।
बेटा “शर्मीला” अइले रउरे दुआर हे।।

अमला नन्द पाण्डेय, 'शर्मीला'
अमला नन्द पाण्डेय, ‘शर्मीला’

लेखक: अमला नन्द पाण्डेय ‘शर्मीला’

आपन राय जरूर दीं