जलज कुमार अनुपम जी के लिखल भोजपुरी कविता होरहा

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

बड़का मछरी छोटका के खाल
इ नियति के भइया बनल बिधान ह
जात पात के उलझन हरदम सुलझल
सबकेहु जानेला जग मे करम परधान ह
कमजोर हर जगहे कचराला नोचाला भरमावल जाला
बनके होरहा बड़ियड़कन के इ भुरभुट के चबावल जाला
बच के रहे खतिरा बड़ियार बने पड़ी
आस दोसर के छोड़ के खुद लड़ें के पड़ी
जिनगी यातरा के नाम ह हक आ स्वाभिमान के
आग होला एहमे बहुत जिए ला ताप सहे के पड़ी

जलज कुमार अनुपम
बेतिया , बिहार
संपर्क सूत्र : +९१९९७१०७२०३२

आपन राय जरूर दीं