विनोद भोजपुरीया जी के लिखल एगो भोजपुरी कविता

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

जिनगी के सपना सगहि सजावेली।।
दिनभर हसेली हमके हॉसावेली ।।
होखेला हमनी भले तकरार हो ।।
हमार बेलना वाली हमरे से करेली प्यार हो।।

भुखाइल -पियासल जब घरवा आइले ।।
सुखल-पाकल दुनो बेकत संगहि खाइले ।।
हमरो करेली सझिया -बिहान इन्तजार हो ।।
होखेला भले हमनी के तकरार हो ।।
हमार बेलना वाली हमरे से करेली प्यार हो।।

करे चुल्हा-चउका करे सानी -पानी ।।
कहे ली चली जवन लेली राजा -जानी ।।
राउरे से बसल बा हमार घर संसार हो ।।
होखेला भले हमनी के तकरार हो ।।
हमार बेलना वाली हमरे से करेली प्यार हो।।

साथ हि बिते सुख-दुख मे हमनी के दिन -रातवा ।।
इहे गोहरी बिधना कबो नाही छुटे हमनी के साथवा।।
भगवान से इहे बिनती बारे हमारी बार-बार हो
होखेला भले हमनी के तकरार हो ।।
हमर बेलना वाली हमरे से करेली प्यार हो ।।

इहो पढ़ी: विनोद भोजपुरीया जी के लिखल सरस्वती वन्दना

ध्यान दीं: भोजपुरी कथा कहानी, कविता आ साहित्य पढ़े खातिर जोगीरा के फेसबुक पेज के लाइक करीं

आपन राय जरूर दीं